Gorakhpur E-bus: गोरखपुर से सिकरीगंज तक दउड़ी इलेक्ट्रिक बस

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 4, 2024

गोरखपुर के जनता खातिर खुशखबरी! अब सिकरीगंज तक इलेक्ट्रिक बस चली। खजनी आ उनवल तक चले वाली बसन के रूट बढ़ावल जाई। सर्वेक्षण पूरा होखला के बाद बस संचालन के प्रक्रिया शुरू हो जाई। एकरा

Share

GORKHPUR electric bus

गोरखपुर के जनता खातिर खुशखबरी! अब सिकरीगंज तक इलेक्ट्रिक बस चली। खजनी आ उनवल तक चले वाली बसन के रूट बढ़ावल जाई। सर्वेक्षण पूरा होखला के बाद बस संचालन के प्रक्रिया शुरू हो जाई। एकरा से महानगर में आवे जाए वाला लोग के बहुत सुविधा होई। रूट विस्तार आ नया रूट के लेके सर्वेक्षण चल रहल बा। आवे वाला दिन में चौरी चौरा आ हवाई अड्डा तक इलेक्ट्रिक बस चलावल जाई।

अब सिकरीगंज तक इलेक्ट्रिक बस चली। जनता के सुविधा खातिर खजनी अउरी उनवाल तक चले वाली बस के रूट सिकरीगंज तक बढ़ा दिहल जाई। इलेक्ट्रिक बस संचालन समिति सर्वेक्षण शुरू कऽ देले बिया। एक से दु दिन में सर्वेक्षण के काम पूरा हो जाई। सर्वेक्षण पूरा होखला के बाद बस संचालन के प्रक्रिया शुरू हो जाई।

दरअसल सिकरीगंज तक इलेक्ट्रिक बस चलावे के मांग बढ़े लागल बा। लोग के कहनाम बा कि खजनी आ उनवाल तक पहिलही से बस चलत बिया। सिकरीगंज तक बस चलला से महानगर जाए वाला लोग के सफर आसान हो जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.