Gorakhpur: सीएम आजु करिहें ज्ञान डेयरी के उद्घाटन, ३०० लोगन के प्रत्यक्ष १० हजार के अप्रत्यक्ष मिली रोजगार

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 16, 2023

  मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमार के दुपहरिया तीन बजे गीडा में ज्ञान डेयरी प्लांट के उद्घाटन करीहें। एह प्लांट में रोज पांच लाख लीटर दूध के खपत होई। संयंत्र के उद्घाटन के बाद मुख्यमंत्री उहाँ

Share

 

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमार के दुपहरिया तीन बजे गीडा में ज्ञान डेयरी प्लांट के उद्घाटन करीहें। एह प्लांट में रोज पांच लाख लीटर दूध के खपत होई। संयंत्र के उद्घाटन के बाद मुख्यमंत्री उहाँ जनसभा के भी संबोधित करीहे।

भीटी रावत के पास ज्ञान डेयरी प्लांट लागल बा। एह प्लांट में दूध आ दूध के दोसर उत्पाद बनावल जाई। अत्याधुनिक ऑटोमैटिक मशीन से करीब 300 लोग के ए प्लांट में सीधा रोजगार मिली। एकरा अलावे गोरखपुर-बस्ती संभाग के करीब एक लाख पशुपालक के दूध बेचे खातिर एगो नया बाजार भी उपलब्ध करावल जाई।

एह संयंत्र के उद्घाटन सोमार के दुपहरिया तीन बजे मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ करीहें। एकर तइयारी कैम्पस में तीन दिन से चलत बा। सीईओ गीडा अनुज मलिक बतवले कि सगरी तइयारी पूरा हो गइल बा।

काल्हु से जमीन रजिस्ट्रेशन शुरू हो जाई। गीडा क्षेत्र के विस्तार खातिर 380 एकड़ अउरी जमीन अधिग्रहण करे के बा। ई जमीन चार गाँव ककना, बरउड़, चकभोग आ चकफट्टा के किसानन के ह। एहमें से चकभोग गाँव के किसानन से भी सहमति मिल गइल बा। सीईओ अनुज मलिक बतवले कि पहिले सोमवार से ही जमीन के रजिस्ट्रेशन के तइयारी होखत रहे, लेकिन मुख्यमंत्री के कार्यक्रम के चलते अब मंगलवार से जमीन के रजिस्ट्रेशन शुरू हो जाई।

सहजनवान तहसील क्षेत्र के गाँव नरकटहा आ भगवानपुर में 425 एकड़ क्षेत्र में औद्योगिक गलियारा बनल बा। अब एकर विस्तार हो रहल बा। वर्तमान क्षेत्र से सटल 380 एकड़ अवुरी जमीन के अधिग्रहण होई, ताकि भविष्य में नाया उद्योग के जमीन मिल सके।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.