Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर महोत्सव 2024: रामगढ़ताल के किनारे होई कला, संस्कृति आ खेल के संगम, स्टार लो सजइहें बालीवुड आ भोजपुरी नाइट

517

 

गोरखपुर महोत्सव-2024 के तइयारी शुरू हो गइल बा। हर साल के तरह अबकी बेरो 11, 12 आ 13 जनवरी के परंपरागत रूप से महोत्सव के आयोजन कइल जाई। रामगढ़ ताल के किनारे चंपा देवी पार्क अवुरी प्रदर्शनी मैदान में होखेवाला महोत्सव में कला, संस्कृति अवुरी खेल के संगम देखाई दिही। प्रतियोगिता में बेहतरीन प्रदर्शन करे वाला कलाकार, खिलाड़ी आ विद्यार्थियन के पुरस्कृत आ सम्मानित कइल जाई। बॉलीवुड आ भोजपुरी के मशहूर स्टार एह रात के शोभा बढ़ा दीहें आ स्थानीय कलाकारन के भी मंच पs भरपूर जगह मिली।

महोत्सव के भव्य बनावे पs जोर दिहल गइल

महोत्सव के तइयारी शुरू करे खातिर आयुक्त सभागार में प्रशासन, पर्यटन आ संस्कृति समेत विभिन्न विभागन के बइठक सांसद रवि किशन, एडीजी अखिल कुमार, आयुक्त अनिल ढिंगरा के नेतृत्व में करावल गइल। सांसद रवि किशन कहले कि मुख्यमंत्री के मंशा के मुताबिक ए महोत्सव के भव्य अवुरी विशाल बनावे के होई। महोत्सव से पहिले गोरखपुर सांसद खेल महोत्सव आ सांस्कृतिक महोत्सव के एगो बड़हन आयोजन ग्राम पंचायत, न्याय पंचायत, क्षेत्र पंचायत आ जिला पंचायत स्तर पs कइल जाई। बेहतर प्रदर्शन करे वाला कलाकारन आ खिलाड़ियन के महोत्सव के समापन समारोह में मुख्यमंत्री के हाथ से इनाम दिहल जाई।

उ कहले कि तीन दिन के ए महोत्सव में नौकायन, कुश्ती, ताइक्वांडो आदि के तरह तरह के खेल प्रतियोगिता के आयोजन होखे के चाही। बतावल गइल कि सांस्कृतिक क्षेत्र में पुरान पारम्परिक वाद्ययंत्र, संगीत, संस्कृत में नाटक, मूर्ति निर्माण कला, वाल पेटिंग, ग्राम माडलिंग फैशन आदि के आयोजन करके जगह के छिपल प्रतिभा के आगे ले आवल जाई।

बैठक में आयुक्त साहब बतवले कि चंपा देवी पार्क, प्रदर्शनी मैदान अवुरी रामगढ़ताल में गोरखपुर महोत्सव के आयोजन के योजना बा। एह महोत्सव खातिर जिला के लोक कला आ अउरी विधा के कलाकारन के मंच दिहल जाई। एह दौरान माध्यमिक, उच्च माध्यमिक आ उच्च शिक्षा के छात्रन के बीच सांस्कृतिक आ खेल प्रतियोगिता के आयोजन कइल जाई।

एकरा अलावे शिल्प मेला आ बॉलीवुड कलाकारन के कार्यक्रम के आयोजनो कइल जाई। एकरा अलावा विभिन्न क्षेत्र में अच्छा काम करे वाला लोग आ साहित्य, कला अध्ययन, पत्रकारिता, लेखन, लोक कला आ सामाजिक कार्य से जुड़ल लोग के सम्मानित करे के योजना बा। एकरा अलावे विभिन्न विभाग के ओर से प्रदर्शनी के आयोजन कईल जाई।

महोत्सव स्थल के लगे पर्याप्त पार्किंग व्यवस्था, सुरक्षा, अनवरत विद्युत आपूर्ति, साफ सफाई, शुद्ध पेयजल, मोबाइल टायलेट आदि सुनिश्चित करे के निर्देश देले। एह बइठक में डीएम कृष्ण करुणेश, सीडीओ संजय कुमार मीना, उपाध्यक्ष जीडीए आनंद वर्धन, एसएसपी डा. गौरव ग्रोवर, एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई आ विभिन्न विभाग के अधिकारी मौजूद रहले।

सांस्कृतिक समिति कलाकारन के चयन करी

आयुक्त कहले कि अबे ले इs तय नईखे भईल कि बॉलीवुड चाहे भोजपुरी नाइट में कवन कलाकार भाग लीहे। सांस्कृतिक समिति के बइठक के बाद नाम तय कइल जाई। क्षेत्रीय पर्यटन अधिकारी कहले कि गोरखपुर महोत्सव के संचालन खातीर आयुक्त के अध्यक्षता में समिति बनावल गईल बा। एहमें डीएम उपाध्यक्ष, एसएसपी, नगर आयुक्त, सगरी एडीएम आ अउरी कई गो अधिकारी शामिल बाड़े। कई गो छोट-छोट उपसमिति भी बनावल जाई।

 

 

 

704810cookie-checkगोरखपुर महोत्सव 2024: रामगढ़ताल के किनारे होई कला, संस्कृति आ खेल के संगम, स्टार लो सजइहें बालीवुड आ भोजपुरी नाइट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.