Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Google Pixel 8a: पिक्सल 8ए के सस्ता वर्जन भारत में लॉन्च, मिलल एह पावरफुल चिपसेट के सपोर्ट

610

Google भारतीय बाजार में Pixel 7a के बाद Pixel 8a के लॉन्च कs देले बा। Pixel 7a के पिछिला साल लॉन्च कइल गइल रहे आ Pixel 8a एकर अपग्रेडेड वर्जन हs। Pixel 8a के संगे नया डिजाइन आ Tensor G3 चिपसेट बा, जवना के इस्तेमाल एकरा पहिले Pixel 8 आ Pixel 8 Pro में भइल बा।

Google Pixel 8a के कीमत

Google Pixel 8a के भारत में 128 जीबी आ 256 जीबी के स्टोरेज में पेश कइल गइल बा। दुनो मॉडल के संगे 8 जीबी रैम मिली। 128 जीबी वेरियंट के कीमत 52,999 रुपिया आ 256 जीबी के कीमत 59,999 रुपिया रखल गइल बा। Pixel 8a के एलॉय, बे, ऑब्सडियन आ पोरसिलेन कलर में पेश कइल गइल बा। Pixel 8a के बिक्री 14 मई से फ्लिपकार्ट से होई। एकरा संगे 4,000 रुपिया के बैंक ऑफरो मिली। Pixel 8a के प्री-ऑर्डर करे वाला ग्राहक 999 रुपिया में Pixel Buds A सीरीज के किने के मवका मिली।

Google Pixel 8a के स्पेसिफिकेशन

Google Pixel 8a के स्क्रीन ग्लास के बा, रियर पैनल प्लास्टिक के आ फ्रेम एल्यूमीनियम के बा। Pixel 8a के संगे IP67 के रेटिंग मिलल बा आ एकर कुल वजन 188 ग्राम बा। फोन के संगे 6.1 इंच के सुपर एक्टुआ डिस्प्ले बा आ पैनल OLED बा। जवना के रिफ्रेश रेट 120Hz बा। एकरा संगे गोरिल्ला ग्लास 3 के प्रोटेक्शन बा।

Pixel 8a के संगे Tensor G3 प्रोसेसर बा। फोन में सर्किल टू सर्च, एआई मैजिक एडिटर, ऑडियो मैजिक इरेजर, बेस्ट टेक जइसन कइयन सारा फीचर्स मिली। फोन में 8 जीबी LPDDR5x रैम आ 256 जीबी UFS 3.1 स्टोरेज बा।

कनेक्टिविटी खातिर एमे Wi-Fi 6 के संगे ब्लूटूथ 5.3, NFC, USB Type-C आ जीपीएस के सपोर्ट बा। फोन में ई-सिम के अलावे फिजिकल सिम के सपोर्ट बा। एमे फेस अनलॉक आ फिंगरप्रिंट दुनो दिहल गइल बा। Pixel 8a में 4492mAh के बैटरी बा जवन कि 18W के वायर फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट करेला। एकरा संगे वायरलेस चार्जिंगो बा।

818660cookie-checkGoogle Pixel 8a: पिक्सल 8ए के सस्ता वर्जन भारत में लॉन्च, मिलल एह पावरफुल चिपसेट के सपोर्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.