4 जून के बाद से एह देश में काम ना करी Google Pay, ऐप यूजर्स खातिर जरूरी बात 

By Anurag Ranjan

Published on: May 18, 2024

Google pay: जदि रउवो ऑनलाइन पेमेंट खातिर गूगल पे के इस्तेमाल करऽ तानी तऽ रउआ खातिर बड़ी काम के खबर बा। गूगल Gpay के लेके बड़ फैसला लेले बा। गूगल आवे वाला 4 जून से

Share

Google pay: जदि रउवो ऑनलाइन पेमेंट खातिर गूगल पे के इस्तेमाल करऽ तानी तऽ रउआ खातिर बड़ी काम के खबर बा। गूगल Gpay के लेके बड़ फैसला लेले बा। गूगल आवे वाला 4 जून से दुनियाभर के कई गो देशन में Google Pay के सर्विस को बंद करे जा रहल बा। एकरा बाद रउआ ऐप से पेमेंट ना कर पाइब।

Google Pay App Shutting Down: गूगल के Google Pay सर्विस के भारत समेत कई गो देशन में ऑनलाइन पेमेंट खातिर इस्तेमाल कइल जाला। 2022 में Google Wallet अइला के बाद Gpay यूजर्स के संख्या में तेजी से उछाल आइल रहे। ऑनलाइन ट्रांजेक्शन खातिर ई यूजर्स के पहिलका पसंद बन चुकल रहे।  गूगल 4 जून 2024 से Google Pay के बंद करे जा रहल बा। ई खबर ऑनलाइन ट्रांजेक्शन करे वाला यूजर्स के टेंशन बढ़ा देले बा। Gpay बंद होई  ई खबर सही बा। गूगल के तरफ से एकरा के खुदे कंफर्म कइल गइल बा। आई जानल जाव कि गूगल के एह फैसला से कौन देश प्रभावित होखे वाला बा।

एह यूजर्स पऽ ना पड़ी असर 

रउआ के बता दी कि गूगल अपना गूगल पे के सर्विस के बंद करे जा रहल बा, बाकिर गूगल के एह फैसला से भारतीय यूजर्स पऽ कवनो असर नइखे पड़े वाला। गूगल अमेरिका में 4 जून 2024 से Google Pay के सर्विस के रोके वाला बा। यानी भारत ना बल्कि अमेरिका से गूगल पे बोरिया बिस्तर बान्हे जा रहल बा।

अब खाली एह देशन में काम करी Google Pay

रउआ के बता दी कि 4 जून के बाद से गूगल पे ऐप खाली भारत आ सिंगापुर में काम करी। जबकि दोसरा देशन में एकरा सर्विस पूरा तरे से बंद हो जाई। कंपनी के मानल जाव तऽ सब यूजर्स के गूगल वॉलेट पs ट्रांसफर कऽ दिहल जाई दिया। अमेरिका में एह तारीख के बाद से गूगल पे पूरा तरे से यूजलेस हो जाई।

180 देशन में Google Wallet से रिप्लेस कइलस

रउआ के बता दी कि अमेरिकी यूजर्स गूगल पे सर्विस बंद होखला के बाद ना तऽ पेमेंट कर पइहें आ नाही पेमेंट रिसीव कर पइहें। गूगल के ओर से सब अमेरिकी यूजर्स के गूगल वॉलेट पs शिफ्ट होखे खातिर कहल गइल बा। माना जा रहल बा कि कंपनी  गूगल वॉलेट के प्रमोट करे खातिर अइसन कदम उठवले बिया। कंपनी अपना एगो ब्लॉग में बतवलस कि करीब 180 देशन में Gpay के गूगल वॉलेट से रिप्लेस कर दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.