भारत में Google के कमान संभलिहें प्रीति लोबाना

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 20, 2024

टेक दिग्गज कंपनी गूगल भारत में बड़ बदलाव कईले बिया। कंपनी गूगल इंडिया के नयका प्रमुख के नियुक्ति कईले बिया। गूगल भारत में कंपनी के हेडिंग के जिम्मेदारी प्रीति लोबाना के सौंप देले बा। गूगल

Share

प्रीति लोबाना

टेक दिग्गज कंपनी गूगल भारत में बड़ बदलाव कईले बिया। कंपनी गूगल इंडिया के नयका प्रमुख के नियुक्ति कईले बिया। गूगल भारत में कंपनी के हेडिंग के जिम्मेदारी प्रीति लोबाना के सौंप देले बा। गूगल इंडिया में संजय गुप्ता के जगहा प्रीति रहीहें. कंपनी संजय गुप्ता के एशिया प्रशांत क्षेत्र के नयका गूगल अध्यक्ष नियुक्त कईले बिया।  प्रीति लोबाना के गूगल के ओर से प्रसिडेंट आ वॉइस प्रेसिडेंट दुनो के पद पs नियुक्त कईल गईल बा।  

प्रीति लोबाना के लगे 30 साल से जादा के अनुभव

बता दीं कि मेटा के बाद गूगल दुनिया के दूसरा बड़ कंपनी हs जवन कंपनी के कमान एगो महिला के देले बिया। जानकारी खातिर बता दीं कि प्रीति लोबाना पिछला तीन दशक से टेक्नोलॉजी आ फाइनेंशियल इंडस्ट्रीज के दुनिया से जुड़ल बाड़ी. प्रीति पिछला आठ साल से गूगल में काम करत बाड़ी. अब कंपनी उनुका के भारत के लीड करे के जिम्मेवारी दे देले बिया। 
गूगल इंडिया के प्रमुख बनला के बाद प्रीति लोबाना के सबसे बड़ जिम्मेदारी गूगल आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के विस्तार कईल होई। एकरा संगे भारत में गूगल के रणनीति के लागू करे के जिम्मेदारी भी उनुका पs होई। 

इहो पढ़ीं: हरियाणा के पूर्व सीएम ओम प्रकाश चौटाला के निधन, 89 वर्ष के उमिर में लिहले आखिरी सांस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.