Jharkhand Budget 2025: झारखंड के लोगन खातिर खुशखबरी, रांची सहित एह सात जिलन में खुली मेडिकल कॉलेज

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 3, 2025

Jharkhand Budget 2025-26। झारखंड के हेमंत सोरेन सरकार आज आपन पहिला बजट पेश कइलस। वित्त मंत्री एक लाख 45 हजार 400 करोड़ के वार्षिक बजट पेश कइलें। बजट में शिक्षा, स्वास्थ्य, रोजगार सहित झारखंड वासियन

Share

Jharkhand Budget 2025-26। झारखंड के हेमंत सोरेन सरकार आज आपन पहिला बजट पेश कइलस। वित्त मंत्री एक लाख 45 हजार 400 करोड़ के वार्षिक बजट पेश कइलें। बजट में शिक्षा, स्वास्थ्य, रोजगार सहित झारखंड वासियन खातिर कइयन गो बड़ एलान कइल गइल बा।

बाल बजट

वित्त मंत्री बाल बजट के एलान कइले बाड़ें। एकरा खातिर 9411.27 करोड़ के प्रविधान कइल गइल बा।

रांची सहित एह जिलन में खुली मेडिकल कॉलेज

रांची, खूंटी, गिरिडीह, जमशेदपुर, धनबाद, देवघर आ जामताड़ा में मेडिकल कॉलेज के स्थापना।

बजट में वित्त मंत्री कइलें ई बड़ एलान

  • किसानन के कृषि यंत्रन खातिर 140 करोड़ रुपिया।
  • तालाब- डीप बोरिंग खातिर 203 करोड़ रुपिया।
  • उद्यान विकास योजना के खातिर 304 करोड़ रुपिया।
  • मंईया सम्मान योजना खातिर 13,363 करोड़ 35 लाख के प्रविधान।
  • मुख्यमंत्री पशुधन विकास योजना खातिर 255 करोड़ रुपिया।
  • फसल बीमा खातिर 350 करोड़ रुपिया।
  • कृषि उपज भंडारण खातिर 259 करोड़ रुपिया।
  • कृषि क्षेत्र के कुल बजट 4 हजार 587 करोड़ 66 लाख 24 हजार रुपिया।
  • ग्रामीण विकास के कुल बजट 9841 करोड़ रुपिया।
  • जल संसाधन खातिर 2257 करोड़ 45 लाख रुपिया।
  • जमशेदपुर, गुमला आ साहिबगंज में नया विश्वविद्यालय के स्थापना होई।
  • पंचायती राज खातिर 2144 करोड़ 78 लाख 14 हजार रुपिया।
  • टीएसी के तर्ज पs अनुसूचित जाति परामर्शदात्री समिति के स्थापना होई।
  • रांची के तपोवन मंदिर के विकास कइल जाई।
  • जमशेदपुर, पलामू, रांची, धनबाद आ देवघर में स्कूल ऑफ बिजनेस एंड मॉस कम्युनिकेशन के स्थापना के प्रस्ताव।
  • राज्य में 1200 किलो मीटर रोड आ 10 उच्चस्तरीय पुल।
  • उद्यमियन खातिर MSME DIRECTORATE भा MSME CELL
  • बोकारो, गिरिडीह, कांड्रा, सिंदरी, आदित्यपुर, जसीडीह, देवीपुर औद्योगिक क्षेत्र में आधारभूत संरचना।

Read Also: 41999 रुपिया के सुरुआती कीमत में लॉन्च भइल Galaxy A56 स्मार्टफोन, मिलत बा 5000mAh के बैटरी आ 50MP कैमरा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.