Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

वाराणसी-विशाखापट्टन के बीच ट्रेन संचालन के होई विस्तार: छपरा के यात्रियन खातिर बढ़िया खबर, 31 अगस्त तक 7 फेरी में चलावल जाई 

393

विशाखापट्टनम-बनारस साप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचालन अवधि में विस्तार कइल जाई। अब ई ट्रेन 31 अगस्त तक चली। गाड़ी संख्या 08587/08588 बनारस-विशाखापट्टनम साप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचलन अवधि के विस्तार 31 अगस्त तक सात फेरी में चलावल जा रहल बा। एह ट्रेन के संचालन से छपरा सहित आसपास के यात्रियन के दक्षिण भारत खातिर सहूलियत प्रदान होई। ई जानकारी जन संपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी कs के देलें बाड़ें।

08588 विशाखापट्टनम-बनारस साप्ताहिक विशेष गाड़ी 30 अगस्त, 2023 तक विशाखापट्टनम से 12.30 बजे प्रस्थान कs  के सिम्हाचलम से 12.48 बजे, कोत्तवलसा से 13.15 बजे, विजयनगरम से 13.45 बजे, बोब्बिली से 14.30 बजे, पार्वतीपुरम् से 14.52 बजे, रायगड़ा से 15.45 बजे, मुनिगुड़ा से 16.49 बजे, केसिंगा से 17.42 बजे, टिटलागढ़ से 18.05 बजे, बलांगीर से 19.02 बजे, बरगढ़ रोड से 20.00 बजे, सम्बलपुर से 20.45 बजे, झारसुगुड़ा से 21.55 बजे, राउरकेला से 20.30 बजे, दूसरका दिन हटिया से 02.40 बजे, रांची से 03.00 बजे, मुरी से 04.00 बजे, बरकाकाना से 05.40 बजे, लातेहार से 07.32 बजे, डाल्टनगंज से 08.32 बजे, गढ़वारोड से 09.30 बजे, डेहरीआनसोन से 11.22 बजे, सासाराम से 11.40 बजे, भबुआ रोड से 12.12 बजे, पंडित दीन दयाल उपाध्याय जं. से 13.40 बजे आ वाराणसी से 16.15 बजे छूटके बनारस 16.30 बजे पहुंची।

वापसी के यात्रा में 08587 बनारस-विशाखापट्टनम साप्ताहिक विषेष गाड़ी 31अगस्त 2023 तक बनारस से 18.00 बजे प्रस्थान कs के वाराणसी से 18.15 बजे, पंडित दीन दयाल उपाध्याय जं. से 19.10 बजे, भबुआ से 20.02 बजे, सासाराम से 20.47 बजे, डेहरीआनसोन से 21.07 बजे, गढ़वारोड से 23.20 बजे, डाल्टनगंज से 23.57 बजे, दूसरका दिन लातेहार से 01.02 बजे, बरकाकाना से 03.20 बजे, मुरी से 04.25 बजे, रांची से 05.20 बजे, हटिया से 05.40 बजे, राउरकेला से 09.05 बजे, झारसुगुड़ा से 10.25 बजे, सम्बलपुर से 11.05 बजे, बरगढ़ रोड से 11.47 बजे, बलांगीर से 12.47 बजे, टिटलागढ़ से 13.55 बजे, केसिंगा से 14.17 बजे, मुनिगुड़ा से 15.22 बजे, रायगढ़ से 17.15 बजे, पार्वतीपुरम से 17.54 बजे, बोब्बिली से 18.16 बजे, विजयनगरम से 19.00 बजे, कोत्तवलसा से 19.28 बजे आ सिम्हाचलम से 19.28 बजे छूटके विशाखापट्टनम 20.30 बजे पहुंची।

600980cookie-checkवाराणसी-विशाखापट्टन के बीच ट्रेन संचालन के होई विस्तार: छपरा के यात्रियन खातिर बढ़िया खबर, 31 अगस्त तक 7 फेरी में चलावल जाई 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.