सारण के बेरोजगार युवा लो खातिर निजी कंपनियन में नौकरी के सुनहरा मौका

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2024

छपरा। बिहार कौशल विकास मिशन राज्य के बेरोजगार युवा के निजी क्षेत्र में रोजगार देवे खातिर “संकल्प” योजना के तहत संभागीय स्तर पऽ दु दिन के योजना-सह-मार्गदर्शन मेला के आयोजन करी। जिला योजना अधिकारी शोभा

Share

छपरा। बिहार कौशल विकास मिशन राज्य के बेरोजगार युवा के निजी क्षेत्र में रोजगार देवे खातिर “संकल्प” योजना के तहत संभागीय स्तर पऽ दु दिन के योजना-सह-मार्गदर्शन मेला के आयोजन करी।

जिला योजना अधिकारी शोभा कुमारी जानकारी देली कि बिहार कौशल विकास मिशन के ओर से चलावल जाए वाला “संकल्प” योजना के तहत श्रम संसाधन विभाग, बिहार, पटना के तत्वावधान में दु दिन के संभागीय स्तर के योजना-सह-के आयोजन उप निदेशक (नियोजन) के ओर से कइल गइल। तिरहुत आ सारण संभाग के मार्गदर्शन मेला 18 आ 19 अक्टूबर 2024 के मुजफ्फरपुर के रामदयालु सिंह कॉलेज के मैदान में होखे वाला बा।

एह मेला में भाग लेवे के इच्छुक आवेदक के आपन बायोडाटा, फोटो, शैक्षणिक आ तकनीकी योग्यता प्रमाण पत्र, अनुभव से जुड़ल प्रमाणपत्र के संगे बोलावल जाला रोजगार मेला में भाग लेवे खातिर आवेदक के कवनो रोजगार कार्यालय में पंजीकृत होखल अनिवार्य बा जे अबहीं तक एनसीएस पोर्टल पऽ आपन रजिस्ट्रेशन नइखे कइले, उ www.ncs.gov.in पऽ रजिस्ट्रेशन करावे के चाही।

प्लेसमेंट मेला में खाली निजी क्षेत्र के कंपनी भाग ले रहल बाड़ी सन, जवन रिक्ति आ नियुक्ति के शर्त आ चयन के मापदंड के जिम्मेदारी रोजगार देवे वाली कंपनी के होई। ई नियोजन मेला पूरा तरह से मुफ्त बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.