गाजियाबाद सांसद वीके सिंह ने लिहले बड़ फैसला, लोकसभा चुनाव के लेके कह देले बड़ बात

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 24, 2024

गौतम गंभीर हर्षवर्धन के बाद गाजियाबाद से भाजपा सांसद वीके सिंह अबकि बार लोकसभा चुनाव ना लड़े के फैसला लेले बाड़े। एकर जानकारी उऽ सोशल साइट एक्स पर देले हऽ। उऽ कहले हऽ कि देश

Share

गौतम गंभीर हर्षवर्धन के बाद गाजियाबाद से भाजपा सांसद वीके सिंह अबकि बार लोकसभा चुनाव ना लड़े के फैसला लेले बाड़े। एकर जानकारी उऽ सोशल साइट एक्स पर देले हऽ। उऽ कहले हऽ कि देश आ लोगन के सेवा कइलऽ जारी राखब बस एगो नया रूप में। उऽ सोशल साइट एक्स पऽ लिखले – हम सैनिक के रूप में ए राष्ट्र के सेवा में आपन सारा जीवन समर्पित कइले बानी।

एकरा साथे उऽ सोशल साइट एक्स पऽ इहो लिखले कि, पिछला 10 बरिसन से, हम गाजियाबाद के एगो विश्व स्तरीय शहर बनावे के सपना के पूरा करे खातिर अथक परिश्रम कइले बानी। ए यात्रा में, देश आ गाजियाबाद के नागरिकन के साथे-साथे भाजपा के सदस्यन के जवन विश्वास आ  प्रेम हमरा प्राप्त भइल बा , ओकरा खातिर हम आभारी बानी । ई भावनात्मक बंधन हमरा खातिर अनमोल बा।

ए भावना के साथे, हम एगो कठिन, बाकिर विचारपूर्ण निर्णय लेले बानी। हम 2024 के चुनाव ना लड़ब। ई निर्णय हमरा खातिर आसान नइखे, बाकिर हम एकरा के अपना दिल के गहराइ से लेले बानी। हम आपन ऊर्जा आ समय के नया दिशा में ले जाइल चाहत बानी , जहंवा आपन देश ले सेवा अलग तरीका से कर सकी।

ए यात्रा में रऊआ लो के साथ रहला खातिर हम रऊआ सभे के दिल से धन्यावाद दे तानी। रऊआ सभे के प्यार, समर्थन आ विश्वास  हमरा के हमेशा प्रेरित कइले बा। आगहूँ , हम देश आ सब नागरिकन के प्रति आपन सेवा जारी राखब, बस एगो नया रूप में

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.