Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ऊर्जावान बनी : बहुत जल्दी थक जाए वाला लोग के दिन के शुरुआत अयीसने करे के चाही

अगर कम काम कईला के बाद थक जानी, ऊर्जा के कमी महसूस होखेला, त इ काम दिन के शुरुआत में जरूर करे के चाही। कबो चले के बात होखे त हमनी में से अधिकांश लोग के लागेला कि चलल ओ लोग खातीर बा, जवन कि दुबला-पतला होखल चाहतारे। जबकि अयीसन बिल्कुल नईखे। पैदल चलला से मोटापा कम करे के अलावे अउरी बहुत फायदा बा।

395

ऊर्जावान बनी : बहुत जल्दी थक जाए वाला लोग के दिन के शुरुआत अयीसने करे के चाही


अगर कम काम कईला के बाद थक जानी, ऊर्जा के कमी महसूस होखेला, त इ काम दिन के शुरुआत में जरूर करे के चाही। कबो चले के बात होखे त हमनी में से अधिकांश लोग के लागेला कि चलल ओ लोग खातीर बा, जवन कि दुबला-पतला होखल चाहतारे। जबकि अयीसन बिल्कुल नईखे। पैदल चलला से मोटापा कम करे के अलावे अउरी बहुत फायदा बा।

हर समय ऊर्जावान रही
अगर रउआ हर समय थकान महसूस करेनी आ आपन ऊर्जा के स्तर बढ़ावे के चाहत बानी त नया सबेरे से मॉर्निंग वॉक शुरू करीं। काहे कि मॉर्निंग वॉक करे वाला लोग अपना के ओह लोग से अधिका सक्रिय पावेला जे अइसन ना करेला|

दिन के शुरुआत में 20 से 30 मिनट तक पैदल चलला से दिन के काम करे खाती बहुत ऊर्जा मिलेला। खास बात इ बा कि अयीसन करेवाला लोग के रात तक थकान ना लागेला।

 

चाय-कॉफी पीये से बढ़िया इ विकल्प बा
ऊर्जा पावे खातिर सबेरे के शुरुआत चाय आ कॉफी से करे के बजाय 10 मिनट तक सीढ़ी चढ़े अउरी उतरे के काम करीं। एह गतिविधि से रउरा कॉफी से अधिका ऊर्जा मिली|

काहे कि अयीसन कईला से आपके खून के संचार बढ़ जाई। इ बढ़ल खून के बहाव आपके शरीर में ऑक्सीजन के स्तर बढ़ावे के काम करी अउरी आप अपना के जादे सक्रिय अउरी ताजा महसूस करब। एकरा से पहिले आप गुनगुना पानी पी सकतानी।

 

मानसिक बेमारी से बचाव करेला
अगर रउआ एक हफ्ता में 5 दिन भी मॉर्निंग वॉक करब त रउआ कई तरह के मानसिक बेमारी से बच जाईब। अयीसन एहसे होखेला काहेंकी सबेरे टहलला से आपके शरीर में एस्ट्रोजन अउरी डोपामाइन जईसन खुशहाल हार्मोन के स्तर बढ़ जाला।

संगही, मानसिक तनाव देवे वाला हार्मोन कोर्टिसोल मॉर्निंग वॉक कईला से कम होखे लागेला। कोर्टिसोल के चलते ही आप तनाव, चिंता अउरी अवसाद जईसन मानसिक बेमारी से घिरल बानी।

 

गहीरा नींद सुते के चाहि

रउरा ई जान के हैरान होखब कि मॉर्निंग वॉक करे वाला लोग के नींद के क्वालिटी बहुत बढ़िया होखेला। अइसन लोग के नींद रात में बार-बार ना टूटेला। एह लोग के डरावना सपना ना आवेला आ सबेरे उठला पर अपना के ताजा आ सक्रिय महसूस होला|

 

मांसपेशियन के मजबूत करेला

मॉर्निंग वॉक करे वाला लोग के हड्डी अउरी मांसपेशी मजबूत होखेला, जवन कि अयीसन ना करेवाला लोग से जादे मजबूत होखेला। काहे कि दिन के कवनो दोसरा समय के मुक़ाबले सबेरे-सबेरे हवा में ऑक्सीजन के स्तर बहुत निमन होखेला।

सबेरे चलला से शरीर में बढ़िया मात्रा में ऑक्सीजन मिलेला। एहसे फेफड़ा खुलेला, सांस के बेमारी ना होखेला, संगही पूरा शरीर के मांसपेशी खास तौर पे मजबूत होला।

कवनो नया काम शुरू करत घरी कुछ दिक्कत होला. लेकिन जदी आप सिर्फ 2 सप्ताह तक मॉर्निंग वॉक करब त मानसिक ताकत देखाई देता, फिर एकर फायदा देख के आप अपने आप एकरा खाती अपना के समर्पित क देब।

475300cookie-checkऊर्जावान बनी : बहुत जल्दी थक जाए वाला लोग के दिन के शुरुआत अयीसने करे के चाही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.