जॉर्जिया के रेस्टोरेंट में गइल 12 गो भारतीय वापस नाहीं लौटले, जानीं आखिर कइसे भइल मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 17, 2024

जॉर्जिया के गुदौरी के पहाड़ी रिसॉर्ट में एगो रेस्टोरेंट में 12 गो भारतीय नागरिकन मृत मिलल. इहाँ स्थित भारतीय मिशन इs जानकारी देले बा। जॉर्जिया के आतंरिक मामिला मंत्रालय एगो बयान जारी कs के कहलस

Share

जॉर्जिया के रेस्टोरेंट में गइल 12 गो भारतीय वापस नाहीं लौटले

जॉर्जिया के गुदौरी के पहाड़ी रिसॉर्ट में एगो रेस्टोरेंट में 12 गो भारतीय नागरिकन मृत मिलल. इहाँ स्थित भारतीय मिशन इs जानकारी देले बा। जॉर्जिया के आतंरिक मामिला मंत्रालय एगो बयान जारी कs के कहलस कि प्रारंभिक जांच में कवनो तरह के चोट भा हिंसा के कवनो संकेत नइखे मिलल. स्थानीय मीडिया पुलिस के हवाला से कहलस कि कार्बन मोनोऑक्साइड गैस के चलते सभ पीड़ित के मउत हो गईल।

त्बिलिसी में भारतीय मिशन के कहनाम बा कि सभे 12 लोग भारतीय नागरिक हवे। हालांकि जॉर्जिया के आतंरिक मामिला मंत्रालय के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि मरेवाला लोग में 11 लोग विदेशी बाड़े जबकि एगो ओकर नागरिक बाड़े।  बयान के मुताबिक, मरेवाला सभे उक्त भारतीय रेस्तरां में कर्मचारी के रूप में काम करत रहले अवुरी दुनो के लाश दूसरा मंजिल पs स्थित बेडरूम में मिलल बा।

भारतीय मिशन का कहलस? 
भारतीय मिशन इहाँ जारी बयान में कहलस कि, ‘जॉर्जिया के गुदौरी में 12 भारतीय नागरिक के मउत के बारे में अबे मिशन के जानकारी मिलल बा। शोक संतप्त परिवार के प्रति गहरा संवेदना बा। मारल गइल भारतीय नागरिकन के जानकारी लेबे खातिर मिशन स्थानीय अधिकारियन से संपर्क में बा. हर संभव सहायता दिहल जाई।

स्थानीय पुलिस जॉर्जिया के आपराधिक संहिता के धारा 116 के तहत जांच शुरू कs देले बिया। इs धारा लापरवाही से भईल मउत से जुड़ल बा पुलिस के कहनाम बा कि, शुरुआती जांच के मुताबिक बेडरूम के नजदीक बंद जगह पs बिजली के जनरेटर राखल गईल रहे, जवन कि शायद शुक के रात बिजली के आपूर्ति बंद होखला के बाद चालू कइल गईल रहे। उs कहले कि ‘मउत के सही कारण’ के पता लगावे खातीर फोरेंसिक जांच भी कईल जाता।  

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: पातर कमर खातीर करीं इs योगासन के अभ्यास, मिली हीरोइन जइसन Slim waist

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.