GATE 2025 Result: जारी भइल गेट परीक्षा 2025 के रिजल्ट, इहां डायरेक्ट लिंक से करीं चेक

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 19, 2025

गेट 2025 के रिजल्ट : गेट 2025 के परीक्षा के रिजल्ट आईआईटी रूर्की जारी कs देले बा।  उम्मीदवार नीचे दिहल खबर में सीधा लिंक के माध्यम से आपन रिजल्ट देख सकतारे। गेट 2025 के परीक्षा

Share

GATE 2025 Result

गेट 2025 के रिजल्ट : गेट 2025 के परीक्षा के रिजल्ट आईआईटी रूर्की जारी कs देले बा।  उम्मीदवार नीचे दिहल खबर में सीधा लिंक के माध्यम से आपन रिजल्ट देख सकतारे।

गेट 2025 के परीक्षा के रिजल्ट भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान (आईआईटी) रुड़की के ओर से आज यानी 19 मार्च के आधिकारिक वेबसाइट पs जारी कईल गईल बा।  परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जाके आपन रिजल्ट देख सकतारे।  उम्मीदवारन के रिजल्ट जाँच करे खातिर आपन लॉगिन क्रेडेंशियल के इस्तेमाल करे के पड़ी.

गेट 2025: रिजल्ट के जांच कईसे करीं

उम्मीदवार नीचे दिहल चरण के माध्यम से आपन रिजल्ट जाँच कs सकेलें। 

सबसे पहिले उम्मीदवार के आधिकारिक वेबसाइट gate2025.iitr.ac.in पs जाए के होई।  

एकरा बाद उम्मीदवार के होमपेज पs उपलब्ध गेट रिजल्ट 2025 के लिंक पs क्लिक करे के होई। 

अइसन कइला से रउआँ के एगो अलग पन्ना पs रिडायरेक्ट कइल जाई। 

अब उम्मीदवारन के लॉगिन क्रेडेंशियल जमा करे के पड़ी. 

अयीसन कईला के बाद आपके सोझा स्क्रीन प sGATE result 2025 खुल जाई।

अब उम्मीदवार आपन रिजल्ट चेक कs के डाउनलोड करस। 

एगो प्रिंटआउट ले ली.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

Tags:

, ,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.