Entertainment :स्वर संस्था द्वारा खूब धूमधाम से शुभारंभ भइल ‘गरबा डांडिया वर्कशॉप’

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2024

  गोरखपुर में गरबा डांडिया के धूमधाम सुरु हो गइल बा. नवरात्री में एकर धूम देखे के मिलेला. अइसने में जगह-जगह गरबा आ डांडिया के अयोजन कइल जाता। एह सब कार्यक्रम में गोरखपुर वासी बढ़

Share

स्वर संस्था द्वारा आयोजित गरबा नृत्य :फोटो

 

गोरखपुर में गरबा डांडिया के धूमधाम सुरु हो गइल बा. नवरात्री में एकर धूम देखे के मिलेला. अइसने में जगह-जगह गरबा आ डांडिया के अयोजन कइल जाता। एह सब कार्यक्रम में गोरखपुर वासी बढ़ चढ़के हिस्सा ले रहल बाड़े। एही क्रम में ‘स्वर – द शोल आफ साउंड’ संस्था के अध्यक्ष अर्पिता उपाध्याय अतवार के दिनांक 22 सितंबर नेपाल क्लब में गरबा के शुभारंभ कइली. ई गरबा गुजरात के मशहूर गरबा डांडिया कोरियोग्राफर नितिन सोलंकी सिखावत बाड़े. ई वर्कशॉप गंगा रिसॉर्ट, नेपाल क्लब (सिविल लाइन्स), जीडी गोयनका, (तारामंडल), गोरखनाथ, स्वर संगीत अकादमी(गीता वटिका) एह सब जगह पs जोर शोर से सिखावल जाता.

स्वर संस्था द्वारा आयोजित कार्यशाला:फोटो
स्वर संस्था द्वारा आयोजित कार्यशाला:फोटो

नेपाल क्लब में गरबा डांडिया वर्कशॉप के सुभारंभ के शुभ अवसर पs गणेश पूजा के साथे उद्घाटन समारोह डॉक्टर सत्या पांडे (पूर्व मेयर गोरखपुर ) के द्वारा संपन्न भइल. एह कार्यशाला में माधुरी तिवारी, नितिन सोलंकी, भारती बरनवाल, अंश केसरवानी, मनीष सिंह, वंदना क्व्यांशी, पूनम गुप्ता तथा वरिष् पत्रकार सईद आलम, मनीष चौबे निखिल गुप्ता, बृजेंद्र, सुनील मणि आदि आ बहुते प्रतिभागी भी मौजूद रहले लो. मुख्य अतिथि पूर्व मेयर डॉ सत्या पांडे बतवली कि “गुजरात से लेके उत्तर प्रदेश ले इs नृत्य धीरे-धीरे बहुत लोकप्रिय हो गईल। ई बुराई पs अच्छाई के जीत के उत्सव हs। गरबा नृत्य में विभिन्न माई देवी के प्रति भक्ति के प्रदर्शन होला। गरबा के सौभाग्य के प्रतीक मानल जाला।’

पूर्व मेयर डॉ सत्या पांडे आ अर्पिता उपाध्याय :फोटो
पूर्व मेयर डॉ सत्या पांडे आ अर्पिता उपाध्याय :फोटो

अर्पिता उपाध्याय कहली की -“हम ओह सब लोग के धन्यवाद देत बानी जे एह कार्यशाला में आइल बा”. आगे कहली की “उs आपन पुरान धरोहर आ परंपरा के जिंदा राखे के कोशिश कइले बाड़ी.” ई कार्यक्रम 13 अक्टूबर के गंगा रिसॉर्ट में होई। एह कार्यशाला में भाग लेवे खातीर एs मोबाइल नंबर पs 7379966066 संपर्क करीं.

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.