Ganga Expressway : गंगा एक्सप्रेसवे के लोकार्पण में पीएम मोदी सपा पs सधलें निशाना, प्रधानमंत्री के भाषण के बड़ बात

Ganga Expressway Inauguration by PM Narendra Modi in Hardoi

Share

हरदोई। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बुध के दिन हरदोई के मल्लावां में 36 हजार करोड़ रुपिया से जादे लागत से बनल गंगा एक्सप्रेसवे के लोकार्पण कइलें। एह मवका पs ऊ बंगाल चुनाव के जिकिर करत कहलें कि चार मई के आवे वाला विधानसभा चुनाव के नतीजा विकसित भारत के संकल्प के आउर मजबूत करी।

प्रधानमंत्री कइयन बेर अखिलेश यादव के पार्टी समाजवादी पार्टी पs सीधा हमला बोलत कड़ा आलोचना कइलें आ लोगन से अपील कइलें कि सपा आ ओकरा सहजोगियन से सतर्क रहीं। नारी शक्ति वंदन अधिनियम के विरोध के जिकिर करत विपक्षी दलन के महिला विरोधी बतवलें।

प्रधानमंत्री अपना भाषण में बंगाल के मतदान केंद्रन पs लागल लमहर लाइन के तस्वीर, जवन इंटरनेट मीडिया पs वायरल हो रहल बा, ओकरो चरचा कइलें। संगही गुजरात के निकाय चुनाव में भाजपा के मिलल बड़ जीत के जिकिर कइलें।

पीएम मोदी कहलें कि ई एक्सप्रेसवे मां गंगा के नाम पs बा, एमे विकास के विजन आ हमनी के विरासत के झलक लउकेला। ऊ कहलें कि जल्दिये गंगा एक्सप्रेसवे मेरठ से आगे बढ़ के हरिद्वार ले पहुंची।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलें कि पहिले यूपी के पिछड़ा आ बेमारू राज्य कहल जात रहे, बाकिर अब उत्तर प्रदेश ट्रिलियन डॉलर इकोनॉमी बने के राह पs तेजी से बढ़ रहल बा। यूपी में बहुत संभावना बा, देस के बड़ जुवा आबादी के ताकत यूपी लगे बा आ हमनी के एह ताकत के इस्तेमाल यूपी के मैन्युफैक्चरिंग हब बनावे में करत बानी सs।

पीएम मोदी कहलें कि पूर्वांचल आ आसपास के जिला में गंगा एक्सप्रेसवे से लोगन के जिनगी में बड़ बदलाव आई। एह इलाका के गंगा जी आ उनकर सहायक नदी के उपजाऊ माटी के वरदान मिलल बा, बाकिर पहिले के सरकार किसानन के उम्मीद पs खरा ना उतर सकली सs।

बतावल जा रहल बा कि गंगा एक्सप्रेसवे परियोजना के शिलान्यास 2021 में शाहजहांपुर में खुद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कइले रहलें। लोकार्पण समारोह में राज्यपाल आनंदीबेन पटेल आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सहित कइयन गो मंत्री मवजूद रहल लोग।

मेरठ से प्रयागराज के जोड़े वाला ई 594 किलोमीटर लमहर एक्सप्रेसवे 12 जिला के 519 गांव आ करीब 100 विधानसभा क्षेत्र से सीधा-आ-घुमावदार रूप से जुड़ल बा। एह 12 जिलन में हरदोई लगभग बीच में पड़ेला।

Read Also: SLC Resign : श्रीलंका क्रिकेट में आइल भूचाल, राष्‍ट्रपति के आगे झुकलें शम्‍मी सिल्‍वा, समूचा बोर्ड दे देलस इस्‍तीफा

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-