परिवार खातीर काल बनल दिल्ली के बरखा, घर पs पेड़ गिरले से चार के मउत; एगो घायल

By Anurag Ranjan

Published on: May 2, 2025

राजधानी दिल्ली आ एनसीआर में शुक के सबेरे से भारी बरखा हो रहल बा। एह दौरान तेज हवा भी चल रहल बा। बरखा के चलते राजधानी दिल्ली में एगो बड़ दुर्घटना भईल, जवना में चार

Share

राजधानी दिल्ली आ एनसीआर में शुक के सबेरे से भारी बरखा हो रहल बा। एह दौरान तेज हवा भी चल रहल बा। बरखा के चलते राजधानी दिल्ली में एगो बड़ दुर्घटना भईल, जवना में चार लोग के जान चल गईल। दरअसल, आंधी के चलते दिल्ली के नजफगढ़ इलाका के एगो खेत में बनल कमरा पs पेड़ गिर गईल। घर पs पेड़ गिरला से एगो महिला अवुरी तीन बच्चा के मउत हो गईल। महिला के पति के मामूली चोट आईल बा। दिल्ली पुलिस एs घटना के जानकारी देले बिया। 

मकान पs पेड़ गिर गईल

दरअसल शुक के सबेरे से दिल्ली अवुरी आसपास के इलाका में भारी बरखा होखता। बरखा के संगे इलाका में तेज हवा भी बह रहल बा। तेज हवा के चलते नजफगढ़ इलाका में एगो पेड़ टूट के एगो घर पs गिर गईल। एह दौरान घर में एगो परिवार के पांच सदस्य रहत रहले। घर पs पेड़ गिरला से एगो महिला अवुरी ओकरा तीन बच्चा के मउत हो गईल। महिला के पति भी घायल हो गईल बाड़े। मरेवाली महिला के पहचान ज्योति (26 साल) अवुरी उनुकर तीन बच्चा के रूप में भईल बा। जबकि उनुका पति अजय के मामूली चोट लागल बा।

तीन दिन बरखा के अलर्ट

बता दीं कि दिल्ली-एनसीआर में बरखा के चलते सड़क पs पानी भर गईल बा। एकरा चलते सड़क पs गाड़ी भी रेंगत देखाई देलस। एह बरखा के चलते मौसम में भी बदलाव आइल बा। दिल्ली के संगे यूपी, हरियाणा अवुरी पंजाब के बहुत इलाकन में भारी बरखा हो रहल बा। बरखा के चलते दिल्ली के कई इलाका पानी से डूबल बा। मौसम विभाग दिल्ली में तीन दिन खातिर बरखा के अलर्ट जारी कइले बा. इहो आशंका रहे कि 70 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से हवा बही। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नइखी कs पावत हैवी वर्कआउट, तs रोजाना करीं वॉक, सेहत के मिली चौतरफा फायदा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.