पूर्व पीएम मनमोहन सिंह के निगम बोध घाट पs होई अंतिम संस्कार, जानीं टाइमिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 28, 2024

आजु दिल्ली के निगम बोध घाट पs पूर्व पीएम डॉ. मनमोहन सिंह के अंतिम संस्कार कइल जाई. डॉ. मनमोहन सिंह के आखिरी सफर कांग्रेस मुख्यालय से निगम बोध घाट खातिर सबेरे साढ़े नौ बजे रवाना

Share

मनमोहन सिंह के अंतिम संस्कार

आजु दिल्ली के निगम बोध घाट पs पूर्व पीएम डॉ. मनमोहन सिंह के अंतिम संस्कार कइल जाई. डॉ. मनमोहन सिंह के आखिरी सफर कांग्रेस मुख्यालय से निगम बोध घाट खातिर सबेरे साढ़े नौ बजे रवाना होखी. एकरा बाद अंतिम संस्कार सबेरे 11:45 बजे होई। एकरा से पहिले पार्टी मुख्यालय में सबेरे 8:30 बजे से लोग अंतिम श्रद्धांजलि दिहे।

अंतिम संस्कार पारिवारिक रीति रिवाज के मुताबिक कईल जाई

कांग्रेस पार्टी के बहरी से कुछ वीडियो सामने आईल बा। जहां दिवंगत पूर्व प्रधानमंत्री डॉ. मनमोहन सिंह के पार्थिव शरीर सबेरे 8:30 बजे पार्टी कार्यकर्ता के अंतिम दर्शन खातीर राखल जाई। एकरा बाद पारिवारिक रीति रिवाज के मुताबिक अंतिम संस्कार कईल जाई।

राजकीय सम्मान के साथे आखिरी विदाई

पूर्व प्रधानमंत्री डॉ. मनमोहन सिंह के पार्थिव शरीर के आज राज्य सम्मान के संगे अंतिम विदाई दिहल जाई। सरकारी सूत्र के हवाला से पीटीआई के ओर से जानकारी दिहल गईल बा कि केंद्र सरकार देश के राजधानी नई दिल्ली में डॉ. मनमोहन सिंह के स्मारक बनाई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: धीरे टहलला के सेहत पs पड़ सकेला भारी, Walking Speed के रखी ख्याल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.