छपरा के पूर्व विधायक आ पूर्व सांसद प्रभुनाथ सिंह के बेटा रंधीर काल्ह जदयू ज्वाइन करिहें, टिकट कटला पs राजद छोड़े के कइले रहस ऐलान 

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2024

छपरा। लोकसभा चुनाव के मतदान के तारीख जइसे-जइसे निचिका आ रहल सारण के सियासी तस्वीर तेजी से बदल रहल बा। पहिले निर्दलीय एमएलसी सचिदानंद चुनाव लड़े  के घोषणा कइला बावजूद अपना आप के चुनाव जीते

Share

छपरा। लोकसभा चुनाव के मतदान के तारीख जइसे-जइसे निचिका आ रहल सारण के सियासी तस्वीर तेजी से बदल रहल बा। पहिले निर्दलीय एमएलसी सचिदानंद चुनाव लड़े  के घोषणा कइला बावजूद अपना आप के चुनाव जीते के इस्थिति में ना होखे के बात कहके आपन फैसला बदललें आ अब सारण प्रमंडल के कद्दावर नेता महाराजगंज के पूर्व सांसद प्रभुनाथ सिंह के बेटा आ छपरा के पूर्व विधायक रणधीर सिंह मंगर के जदयू के सदस्यता ग्रहण करिहें। ऊ टिकट ना मिलला पs राजद छोड़े के ऐलान पहिलही कइले रहस।

पटना प्रदेश कार्यालय में आयोजित भव्य मिलन समारोह में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार रणधीर के पार्टी में सामिल करइहें। बता दीं कि पिछला चुनाव में रणधीर सिंह महाराजगंज से राजद के टिकट पs चुनाव लड़ले रहस बाकिर, उनका हार मिलल रहे। तब से ऊ लगातार क्षेत्र में काम करत रहस। शीर्ष नेतृत्व के ओर से उनका टिकट के बार-बार आश्वासनो मिलल रहे, बाकिर अंतिम समय में महाराजगंज सीट कांग्रेस कोटा में गइला से ऊ टिकट से वंचित हो गइलें।

रणधीर एकरा के शीर्ष नेतृत्व के साजिश बतावत अपना समर्थकन के संगे एगो बड़ मीटिंग कइलें। क्षेत्र के जनता आ अपना शुभचिंतकन के संगे रायशुमारी के बाद रणधीर राजद छोड़े के ऐलान कइलें। एकरा बाद जदयू नेतृत्व के ओर से रणधीर के घर वापसी माने अपना पुरान पार्टी में लवटे के आमंत्रण मिलल। ऊ अपना समर्थकन के राय के बाद जदयू ज्वाइन करे के निर्णय लेलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.