गोपालगंज में उत्पाद विभाग के टीम एक करोड़ के बिदेसी शराब जब्त कइलस, आरोपी गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 12, 2024

गोपालगंज के कुचायकोट थाना क्षेत्र के बलथरी चेकपोस्ट पs उत्पाद विभाग के टीम वाहन जांच के दौरान एगो बड़ कंटेनर से बड़ मात्रा में बिदेसी शराब के खेप के बरामद कइले बा। बरामद शराब के

Share

बरामद शराब के संगे गिरफ्तार आरोपी।

गोपालगंज के कुचायकोट थाना क्षेत्र के बलथरी चेकपोस्ट पs उत्पाद विभाग के टीम वाहन जांच के दौरान एगो बड़ कंटेनर से बड़ मात्रा में बिदेसी शराब के खेप के बरामद कइले बा। बरामद शराब के कीमत करीब एक करोड़ रुपिया बतावल जा रहल बा। ममिला में उत्पाद विभाग के टीम एगो शराब तस्कर के गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार तस्कर के पहचान राजस्थान के बाड़मेर जिला के रामसर थाना क्षेत्र के चडार बाकलर गांव निवासी उमेदा राम के बेटा गेना राम के रूप में कइल गइल।

जानकारी के अनुसार कंटेनर के रोक के जब ओकर जांच कइल गइल तs ओमे से 998 कार्टून में रखल 8882.220 लीटर शराब के खेप बरामद कइल गइल। गिरफ्तार तस्कर पूछताछ में ऊ बतवलस कि बरामद शराब के मुजफ्फरपुर लेके जात रहे। उहां केहू के शराब के डिलीवरी करे के रहे। एकरा बाद उहां से के लेके कहा जाए के बा। एकर जानकारी नइखे।

उत्पाद विभाग के इंस्पेक्टर पियूष कुमार कहलें कि वाहन जांच के दौरान बलथरी चेक पोस्ट पs कार्रवाई कइल गइल बा। गिरफ्तार तस्कर के बैक वर्ड फॉर वर्ड लिंक के खंगालल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.