दिल के सेहत के बनावल चाहत बानी दमदार? हार्ट हेल्थ खातिर फायदेमंद होला खइले के ई चीज

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 13, 2024

  लोग में दिल से जुड़ल बेमारी के बढ़त मामिला वाकई में चिंता के विषय होला। अगर आपो अपने हार्ट हेल्थ के मजबूत बना के रखल चाहत बानी तs आपके अपने लाइफस्टाइल आ अपने डाइट

Share

 

लोग में दिल से जुड़ल बेमारी के बढ़त मामिला वाकई में चिंता के विषय होला। अगर आपो अपने हार्ट हेल्थ के मजबूत बना के रखल चाहत बानी तs आपके अपने लाइफस्टाइल आ अपने डाइट पs फोकस करे के जरूरत बा। का आपो खाना के कुछ अइसन चीजन के बारे में जानल चाहत बानी जवन आपके हार्ट हेल्थ खातिर काफी जादा फायदेमंद साबित हो सकेला ? आई कुछ अइसे फूड आइटम्स के बारे में जानी जा जवन आपके हार्ट खातिर कवनो वरदान से कम साबित नाहीं होंईं।

*चुकंदर- चुकंदर में विटामिन्स, मिनरल्स आ नाइट्रेट्स के अच्छा खासा मात्रा पावल जाला जवन आपके ब्लड प्रेशर के कंट्रोल क‌इले में मददगार साबित हो सकेला। चुकंदर में पा‌वल जाए वाला तमाम तत्व केवल आपके कोलेस्ट्रॉल के कम क‌इले में बल्कि आपके दिल से जुड़ल बेमारी से बचवले में मददगार साबित हो सकेला ।

*टमाटर– टमाटर में पाइल जाए वाला लाइकोपीन आपके हार्ट के फ्री रेडिकल डैमेज से बचोले में कारगर साबित हो सकेला। एकरे अलावा टमाटर के सेवन क‌इले से आप अपने कोलेस्ट्रॉल लेवल के काफी हद ले कंट्रोल क‌s सकेनी । हेल्थ एक्सपर्ट्स के मुताबिक टमाटर के पका के खइले से सेहत खातिर ढेर फायदेमंद साबित हो सकेला ।

*राजमा– राजमा में फाइबर के अच्छा खासा मात्रा पावल जाला । राजमा के सही मात्रा में कंज्यूम क‌s के आपो अपने ब्लड प्रेशर के काफी हद ले कंट्रोल क‌s सकेनी । राजमा में पावल जाए वाला तमाम पोष्टिक तत्व आपके हार्ट हेल्थ के इम्प्रूव क‌इले में मददगार साबित हो सकेला ।

खाना के कुछ चीजन के अपने डाइट में शामिल क‌s के आ अपने अनहेल्दी लाइफस्टाइल में थोड़ा-बहुत सुधार क‌s के आप अपने दिल के सेहत के स्ट्रॉन्ग बना सकेनी। एगो हेल्दी लाइफस्टाइल आ डाइट प्लान ना केवल आपके हार्ट से जुड़ल गंभीर बेमारी से बचा सकेला बल्कि आपके ओवरऑल हेल्थ के काफी हद ले इम्प्रूव क‌s सकेला ।

(ई आर्टिकल सामान्य जानकारी खातिर हs कवनो उपाय के अपन‌वले से पहिले डॉक्टर से परामर्श अवश्य लेंईं)

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.