उतार-चढ़ाव के बाद बाजार में सपाट क्लोजिंग; सेंसेक्स 50 अंक टूटल, निफ्टी 23700 से नीचे

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 8, 2025

घरेलू शेयर बाजार में बुध के दिन उतार-चढ़ाव भरल रहल। हफ्ता के तीसरका कारोबारी दिन प्रमुख बेंचमार्क सूचकांक कमजोर सुरुआत के बाद सपाट बंद भइल। एह दौरान सेंसेक्स 50.62 (0.06%) अंकन के गिरावट बाद 78,148.49

Share

शेयर बाजार में लउकल उछाल


घरेलू शेयर बाजार में बुध के दिन उतार-चढ़ाव भरल रहल। हफ्ता के तीसरका कारोबारी दिन प्रमुख बेंचमार्क सूचकांक कमजोर सुरुआत के बाद सपाट बंद भइल। एह दौरान सेंसेक्स 50.62 (0.06%) अंकन के गिरावट बाद 78,148.49 पs पहुंच गइल। दूसरका ओर, निफ्टी 18.96 (0.08%) अंक कमजोर होके 23,688.95 पs पहुंच गइल।

रुपिया डॉलर के मुकाबले 13 पईसा टूटके 85.87 के नया रिकॉर्ड निचला स्तर पs बंद भइल

कच्चा तेल के बढ़त कीमतन आ अमेरिकी मुद्रा के मजबूत होखला के बीच बुध के रुपिया लगातार दूसरका कारोबारी सत्र में गिरावट के संगे 13 पईसा गिरके 85.87 (अनंतिम) डॉलर के नया रिकॉर्ड निचला स्तर पs पहुंच गइल।

बिदेसी मुद्रा विश्लेषक कहल लो कि घरेलू शेयर बाजारन में सुस्त धारणा आ बिदेसी फंड के निरंतर निकासी खेल बिगाड़ दिहल, जबकि निवेशक सरकार के ओर से आर्थिक बढ़न्ती के कम अनुमान के लेके सतर्क बनल रहल।

अंतरबैंक बिदेसी मुद्रा विनिमय बाजार में रुपिया 85.82 पs खुलल आ कारोबार के दौरान डॉलर के मुकाबले 85.89 के अभी तक के सबसे निचला स्तर के छू गइल। डॉलर के मुकाबला रुपिया 85.87 (अस्थायी) पs बंद भइल, जवन पिछला बंद भाव से 13 पईसा कम बा। मंगर के रुपिया डॉलर के मुकाबले छह पईसा के गिरावट के संगे 85.74 पs बंद भइल। एह बीच, छव मुद्रा के मुकाबले डॉलर के ताकत के मापे वाला डॉलर सूचकांक 0.35 प्रतिशत बढ़के 108.76 पs कारोबार करत रहे।

Read Also: केरल: फ्रिज में मिलल इंसानी खोपड़ी आ हड्डी, 20 साल से बंद रहे डॉक्टर के घर; जांच में जुटल पुलिस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.