महाराष्ट्र के बुलढाणा में दर्दनाक सड़क हादसा, बस आ एसयूवी के टक्कर में 5 के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2025

महाराष्ट्र के बुलढाणा में बुधवार के सबेरे भईल एगो भयानक सड़क दुर्घटना में पांच लोग के मउत हो गईल। पूर्वी महाराष्ट्र के बुलढाणा जिला में बुध के सबेरे एगो बस अवुरी एगो स्पोर्ट्स यूटिलिटी व्हीकल

Share

महाराष्ट्र के बुलढाणा में दर्दनाक सड़क हादसा

महाराष्ट्र के बुलढाणा में बुधवार के सबेरे भईल एगो भयानक सड़क दुर्घटना में पांच लोग के मउत हो गईल। पूर्वी महाराष्ट्र के बुलढाणा जिला में बुध के सबेरे एगो बस अवुरी एगो स्पोर्ट्स यूटिलिटी व्हीकल (एसयूवी) के टक्कर में पांच लोग के मउत हो गईल। जबकि 24 से अधिक लोग घायल हो चुकल बाड़े। घटना के जानकारी मिलते पुलिस मौका पs पहुंच के आगे के कार्रवाई शुरू कs देलस। घाही लोग के इलाज खामगांव के सरकारी अस्पताल में हो रहल बा। एह हादसा से इलाका में दहशत मच गइल बा.

बस में फंसल चालक सबेरे करीब साढ़े पांच बजे खमगांव-शेगांव राजमार्ग पर एगो तेज रफ्तार बोलेरो कार महाराष्ट्र राज्य पथ परिवहन निगम के बस से टकरा गइल. एकरा तुरंत बाद एगो निजी बस दुनो गाड़ी के टक्कर मार देलस। निजी बस के फ्रंट केबिन के बहुत नुकसान पहुंचल बा। चालक के क्षतिग्रस्त भाग से बचावे के प्रयास चल रहल बा।

हादसा एतना भयंकर रहे कि तीनों गाड़ी चकनाचूर हो गईल। फिलहाल मौका पs भारी संख्या में पुलिस बल मौजूद बा अवुरी आगे के कार्रवाई कईल जाता।

इहो पढ़ीं: कॉमेडियन कुणाल कामरा के झटका, मनमाड में तीसरका FIR दर्ज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.