प्राण प्रतिष्ठा के बाद अयोध्या में पहिला दीपोत्सव; 1 संगे बनी 2 विश्व रिकॉर्ड

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 24, 2024

पर्यटन विभाग के उपनिदेशक आरपी यादव दीपोत्सव के तइयारी शुरु भइल बतवनी । एक सितम्बर के अयोध्या में दीपोत्सव के बैठक होई जवना में दीपोत्सव के रूपरेखा तैयार कइल जाई। एह साल के दीपोत्सव में

Share

पर्यटन विभाग के उपनिदेशक आरपी यादव दीपोत्सव के तइयारी शुरु भइल बतवनी । एक सितम्बर के अयोध्या में दीपोत्सव के बैठक होई जवना में दीपोत्सव के रूपरेखा तैयार कइल जाई। एह साल के दीपोत्सव में 25 लाख से अधिका दीप जरावल जाई।

अयोध्या में अबकी के दीपोत्सव बहुत खास होई। जवना के तइयारी शुरू हो चुकल बा। अयोध्या में एह साल 28 अक्टूबर से 31 अक्टूबर का बीच दीपोत्सव के आयोजन कइल जाई। सूत्र के मुताबिक दिवाली महोत्सव में अबकी बेर 25 लाख से जादे दीप जरा के एगो नाया विश्व रिकॉर्ड बनावल जाई। एतने ना, रोशनी के भव्य उत्सव के संगे-संगे सरयू के महाआरती भी आकर्षक होई। सरयू के महा आरती के रिकार्ड बनावे के तइयारी भी चल रहल बा। सरयू के महाआरती एक साथ सरयू घाट पर 1100 संत आ गणमान्य लोग के मौजूदगी में करावल जाई।

गौरतलब बा कि एह साल के दीपोत्सव बहुते खास होखी काहे कि राम लल्ला के अभिषेक के बाद अयोध्या में एह पहिला दीपोत्सव के आयोजन कइल जाई। जवना में 25 लाख से अधिका दीपक जरा के एगो नया विश्व रिकार्ड बनावल जाई। एकरा संगे-संगे पहिला बेर सरयू के महा आरती के आयोजन भी होई। जेकर विश्व रिकार्ड भी बन जाई। एकरा अलावे अयोध्या के सड़क पs एगो टेबल्यू निकालल जाई, ई टेबल्यू राम कथा पार्क से साकेत महाविद्यालय तक राम राज्याभिषेक के यात्रा में आकर्षण के केंद्र होई। एकरा अलावे ए साल के दीपोत्सव में पहिला बेर अइसन बहुत गतिविधि के आयोजन होई जवन कि आकर्षण के केंद्र होई।

पहिला बइठक एक सितंबर के होखी

पर्यटन विभाग के उपनिदेशक आरपी यादव दीपोत्सव के तइयारी शुरु भइल बतवनी । एक सितम्बर के अयोध्या में दीपोत्सव के बैठक होई जवना में दीपोत्सव के रूपरेखा तैयार कइल जाई। एह साल के दीपोत्सव में 25 लाख से अधिका दीप जरावल जाई। अबकी के रोशनी के त्योहार अपने आप में ऐतिहासिक होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.