पहिले लइकन के मार के फेर लगवलस फांसी, राजस्थान के झालावाड़ में एके परिवार के 4 लोगन के उठल अर्थी

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 3, 2024

राजस्थान के झालावाड़ में एगो दिल दहला देवे वाला घटना सोझा आईल बा। गंगधार इलाका के जैताखेड़ी गांव में एगो जोड़ा पहिले अपना दुनो बच्चा के हत्या कs देले अवुरी ओकरा बाद फांसी लगा के

Share

झालावाड़ में अपना दुनो बच्चा के संगे एगो जोड़ा फांसी लगा के आत्महत्या कs लेले

राजस्थान के झालावाड़ में एगो दिल दहला देवे वाला घटना सोझा आईल बा। गंगधार इलाका के जैताखेड़ी गांव में एगो जोड़ा पहिले अपना दुनो बच्चा के हत्या कs देले अवुरी ओकरा बाद फांसी लगा के आत्महत्या कs लेले। एकही परिवार में चार लोग के मउत के चलते गांव में शोक मचल बा। परिवार के लो आत्महत्या काहें कईलस, एकर खुलासा नईखे भईल। घटना के जानकारी मिलते पुलिस मौका पs पहुंच के लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस।

इहो पढ़ीं: सेहत: फल आ जूस शरीर खातीर का बा जादा फायदेमंद

जानकारी के मुताबिक तीन गो लाश लटकल मिलल बा अवुरी सात साल के बच्चा के शव बिछौना पs पड़ल मिलल बा। जानकारी के मुताबिक, दुनो लोग पहिले बच्चा के हत्या कs देले अवुरी ओकरा बाद फांसी लगा देले। फिलहाल पुलिस मामला के जांच करतिया। 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.