दिल्ली: नजफगढ़ के सैलून में ताबड़तोड़ फायरिंग, गोली लागले से दु गो युवकन के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 9, 2024

  दिल्ली के नजफगढ़ में एगो सैलून में तेजी से फायरिंग होखला पs दहशत मच गईल। एह फायरिंग में गोली लगला के चलते दू गो नवहियन के मउत हो गइल। सूचना मिलते पुलिस टीम मउका

Share

 

दिल्ली के नजफगढ़ में एगो सैलून में तेजी से फायरिंग होखला पs दहशत मच गईल। एह फायरिंग में गोली लगला के चलते दू गो नवहियन के मउत हो गइल। सूचना मिलते पुलिस टीम मउका पs पहुंचल अवुरी गोली से घाही दुनो युवक के अस्पताल ले गईल, जहां डॉक्टर ओ लोग के मृत घोषित कs देले।

पुलिस के मुताबिक नजफगढ़ थाना में पीसीआर कॉल आईल, जवना में फोन करेवाला इंद्र पार्क, पिलर नंबर 80 में स्थित सैलून में एगो लईका के गोली मारल गईल जानकारी देले। एकरा अलावे मोहन गार्डन थाना में सूचना मिलल कि गोली से घाही दु लोग के अस्पताल में भर्ती करावल बा।

जानकारी के आधार पs पुलिस जब मउका पs पहुंचल तs पाता चलल कि सोनू अवुरी आशीष नाम के दु लईका के गोली मारल गईल बा, जवना के अस्पताल पहुंचते ही मउत हो गईल। पुलिस दुनो युवक के लाश के पंचनामा भर के पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बिया अवुरी एs लोग के परिवार के सूचना दे दिहल बा। मामिला के जांच खातीर एफएसएल के टीम के तैनात कईल गईल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.