Prayagraj: महाकुंभ मेला क्षेत्र में फेर लागल आग

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 7, 2025

प्रयागराज के महाकुंभ मेला इलाका में एक बेर फेरु आग लाग गइल बा. अबकी बेर हरिहरानंद के डेरा में आग लागल बा। डेरा से तेज आग के लपट देखल गईल।  मौका पs पहुंचल फायर ब्रिगेड के

Share

महाकुंभ मेला इलाका में एक बेर फेरु आग लागल

प्रयागराज के महाकुंभ मेला इलाका में एक बेर फेरु आग लाग गइल बा. अबकी बेर हरिहरानंद के डेरा में आग लागल बा। डेरा से तेज आग के लपट देखल गईल।  मौका पs पहुंचल फायर ब्रिगेड के टीम आग के काबू में कs लेले बिया। महाकुंभ मेला इलाका में लागल आग के घटना के वीडियो भी सामने आइल बा।

Prayagraj: सेक्टर 18, शंकराचार्य मार्ग में आग लागल

महाकुंभ मेला इलाका के शंकराचार्य मार्ग पs स्थित सेक्टर 18 में आग लाग गइल. डेरा में आग के लपट उठत देखल गईल। सूचना मिलते फायर ब्रिगेड के टीम मौका पs पहुंचल अवुरी तुरंत आग पs काबू पा लिहलस। मेला क्षेत्र में आग लगने की घटना में केहु के हताहत ना भईल।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘ अपने दौर के underrated एक्ट्रेस रहली ‘राखी गुलजार’

Prayagraj: आग लागे के कारण के जांच कईल जाता

पुलिस के कहल बा कि मौका पs पहुंचल फायर टेंडर से आग काबू में आ गईल बा। खाक चौक थाना के प्रभारी निरीक्षक योगेश चतुर्वेदी बतवले कि पुरान जीटी रोड के तुलसी चौराहा के लगे एगो टेंट में आग लाग गईल। हालांकि दमकलकर्मी आग बुझावे के कोशिश में लागल बाड़े अवुरी एकरा के बहुत हद तक काबू में ले आवल गईल बा। उs बतवले कि दमकल विभाग के अधिकारी भी मौका पs पहुंचल बाड़े। आग लागे के कारण के जांच कईल जाता।

इहो पढ़ीं: Indian Railways सुपर ऐप ‘SwaRail’ कइलस लॉन्च, ट्रेन से सफर कइल होई आसान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.