गुजरात में IOCL के रिफाइनरी में ब्लास्ट के बाद लागल भीषण आग, एगो मजदूर के मउत, 2 गो घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 12, 2024

    गुजरात के वडोदरा में ‘इंडियन ऑयल कॉर्पोरेशन (IOCL)’ के रिफाइनरी के भंडारण टंकी में धमाका के बाद सोमार के दिने आग लाग गइल. एकरा बारे में जानकारी देत ​​एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि

Share

गुजरात के IOCL रिफाइनरी में ब्लास्ट के बाद आग लाग गईल

 

 

गुजरात के वडोदरा में ‘इंडियन ऑयल कॉर्पोरेशन (IOCL)’ के रिफाइनरी के भंडारण टंकी में धमाका के बाद सोमार के दिने आग लाग गइल. एकरा बारे में जानकारी देत ​​एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि एs घटना में 32 साल के मजदूर के मउत हो गईल। आईओसीएल बतवले बा कि दुपहरिया करीब 03:30 बजे बेंजीन भंडारण टंकी में आग लागे के सूचना मिलल, ओकरा बाद दमकल विभाग ओकरा के नियंत्रित करे के प्रयास शुरू कs देलस। सोमार के रात जारी बयान में कहल गईल कि अबे ले आग लागे के कारण के पता नईखे चलल।

‘आईओसीएल परिसर में स्थिति नियंत्रण में बा’

घटना के जानकारी देत ​​जवाहरनगर थाना के इंस्पेक्टर एबी मोरी कहले कि, ‘रिफाइनरी में लागल आग के घटना में ठेका पs काम करेवाला धीमंत मकवाना नाम के आदमी के मउत हो गईल।’ वडोदरा के पुलिस आयुक्त नरसिंह कुमार आईओसीएल परिसर के स्थिति काबू में बा बतवले। कुमार बतवले कि वडोदरा के कोयाली इलाका में स्थित रिफाइनरी में भईल विस्फोट के चलते आग लाग गईल। जवन वीडियो सामने आइल बा ओहमें रिफाइनरी से घना धुँआ उठत लउकत बा जवना के कई किलोमीटर दूर से देखल जा सकेला. रिफाइनरी के बहुत कर्मचारी आईओसीएल परिसर से निकलत देखाई देतारे।

सुरक्षा के चलते कर्मचारी के वापस भेज दिहल गईल

पुलिस आयुक्त बतवले कि पाली में काम करेवाला सभ कर्मचारी के रिफाइनरी से बाहर फेंक दिहल गईल। उs कहले कि, ‘अगिला पाली खातीर रिफाइनरी पहुंचल लोग के सुरक्षा के चलते वापस भेज दिहल गईल। भंडारण टंकी में मौजूद बेंजीन के जरे में समय लागी।’

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.