सेंट्रल डेस्क। अमरनाथ यात्रा 2026 के सुरक्षित, शांत आ भरोसेमंद माहौल में पूरा करावे खातिर जम्मू आ कश्मीर पुलिस यात्रा मार्ग के सुरक्षा खातिर सिक्योरिटी ऑडिट सुरू कइले बिया। एह आकलन के आधार पs पूरा यात्रा के सुरक्षा बेवस्था तय कइल जाई।
हर साल लाखन श्रद्धालु भगवान शिव (बाबा बर्फानी) के दर्शन खातिर आवेला लोग। 1990 के बाद से ई यात्रा कइयन बेर आतंकी निशाना बन चुकल बा, जवना में अभी तक 36 छोट-बड़ हमला हो चुकल बा। समुद्र तल से 3888 मीटर ऊंचाई पs इस्थित पवित्र गुफा में भगवान शिव माता पार्वती के अमर कथा सुनवले रहलें, एही से एकरा के श्री अमरनाथ गुफा कहल जाला।
एह साल यात्रा 3 जुलाई से सुरू होके रक्षा बंधन के दिन अगस्त में खतम होई। परंपरागत बालटाल आ पहलगाम रास्ता से श्रद्धालु गुफा तक जाई लोग आ वापस आई।
सूत्रन के मोताबिक, सिक्योरिटी ऑडिट के आधार पs रास्ता पs सुरक्षाबल के तैनाती, चेक पोस्ट, श्रद्धालु आवागमन के समय आ कैंप के सुरक्षा तय कइल जाला।
दक्षिण कश्मीर के अनंतनाग आ पहलगाम से लेके, सेंट्रल कश्मीर के गांदरबल आ बालटाल तक पूरा रास्ता के सुरक्षा आकलन जिला पुलिस प्रमुखन के निगरानी में चल रहल बा।
दूनो रास्तन पs ठहराव, ट्रैफिक प्लान, सुरक्षा तैनाती, इमरजेंसी रिस्पॉन्स आ अलग-अलग एजेंसियन के बीच तालमेल कs के रोडमैप जल्दिये फाइनल हो जाई।
सूत्र बतावत बा लोग कि यात्रा के सुरक्षा खातिर करीब 42 हजार जवान (पुलिस, सेना आ केंद्रीय अर्धसैनिक बल) तैनात करे के प्रस्ताव बा। पूरा यात्रा में त्रिस्तरीय सुरक्षा घेरा रही, आ सीसीटीवी आ ड्रोन से निगरानी कइल जाई।
साभार: दैनिक जागरण
Read Also: IPL 2026 : गुजरात के हराके आरसीबी दूसरा नंबर पs पहुंचल, ऑरेंज आ पर्पल कैप के रेस में के-के? जानीं








