Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

FIFA फुटबॉल वर्ल्ड कप से पहिले सब टीमन के भेजलस पत्र, जानीं कवना बात के कइलस आग्रह

FIFA World Cup 2022: फीफा एही महीना से शुरू होखे वाला फुटबॉल वर्ल्ड कप से पहिले सब टीमन के एगो पत्र भेजले बा। का सनेस बा एह पत्र में? आईं जानल जाव।

1,066

फुटबॉल के दुनिया के महाकुंभ कहलाये वाले फीफा वर्ल्ड कप (FIFA World Cup) के आगाज़ एही महीना के 20 तारीख से होखे जा रहल बा। फीफा वर्ल्ड कप 2022 के आयोजन 20 नवंबर से 18 दिसंबर तक क़तर (Qatar) में होई। दुनियाभर के फुटबॉल फैंस बेसब्री से एह टूर्नामेंट के इंतज़ार कर रहल बा लो। 4 साल में एक बेर होखे वाला एह टूर्नामेंट के तैयारियन ज़ोरदार तरीका से चल रहल बा। एही बीच फुटबॉल के इंटरनेशनल फेडरेशन FIFA (International Federation of Association Football) वर्ल्ड कप में शामिल होखे वाला सब टीमन के एगो पत्र भेजले बा।

का बा एह पत्र में?

फीफा के अध्यक्ष जियानी इंफेंटिनो आ महासचिव फातमा समौरा सब टीमन के जवन पत्र भेजले बा लो ओकरा ज़रिए ओकनी के ‘फुटबाल प फोकस करे’ के सनेस दिहल गइल बा। फीफा एह वर्ल्ड कप में शामिल होखे वाला सब 32 टीमन से एह वर्ल्ड कप में खेल प धेयान राखे, नैतिकता के सनेस देवे से बचे आ राजनीति से दूर रहे केआग्रह कइले बा।

काहे भेजलस फीफा ई पत्र?

दरअसल 2022 के फीफा वर्ल्ड कप क़तर में हो रहल बा। क़तर में शरिया कानून चलेला। संगही श्रमिकन से खराब बेवहार, समलैंगिक संबंधन के अपराध माने वाला कानून, महिला के संगे समानता ना राखल जइसन बात कारात्मक चरचा के विषय बन रहल बा। अइसन में 8 यूरोपीय टीम फीफा नियमन के उल्लंघन क के भेदभाव विरोधी अभियान के समर्थन करे खातिर अपना कप्तानन के दिल के शेप के आर्मबैंड पहिने खातिर कहले बा। यूक्रेन के फुटबॉल अधिकारियन द्वारा युद्ध में रूस के साथ देला खातिर ईरान के एह वर्ल्ड कप से हटावे के मांग कइल गइल बा । कुछ आउरो देस ईरान में महिला लोगन के संगे होखे वाला असमानता प बात करत ओकरा फुटबॉल संघ के निलंबित करत टीम के वर्ल्ड कप से हटावे के मांग कइले बाड़ी स। ओहिजा डेनमार्क के टीम कतर में हिंसा के दौरान मारल गइल लोगन खातिर शोक के तौर प ब्लैक कलर के जर्सी पहिनके खेले के तइयारी में बिया। कइयन गो टीम आ फैंस द्वारा क़तर के नीतियन आ फुटबॉल वर्ल्ड कप के दौरान लागू कइल गइल नियमन के विरोध कइल जा रहल बा। एही सब बातन के धेयान में रखत फीफा सब टीमन के ई पत्र भेजले बिया।

371460cookie-checkFIFA फुटबॉल वर्ल्ड कप से पहिले सब टीमन के भेजलस पत्र, जानीं कवना बात के कइलस आग्रह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.