छपरा- सिवान NH पऽ ट्रक आ स्कॉर्पियो के बीच भीषण टक्कर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 15, 2024

छपरा-सिवान मेन रोड पर एगो भयानक हादसा सामने आइल बा। एह हादसा में आर्केस्ट्रा संचालक के जान चल गइल। इ हादसा दाउदपुर थाना क्षेत्र के नंदलाल सिंह कॉलेज के नजदीक ट्रक आ स्कॉर्पियो के टक्कर

Share

Chapra news

छपरा-सिवान मेन रोड पर एगो भयानक हादसा सामने आइल बा। एह हादसा में आर्केस्ट्रा संचालक के जान चल गइल। इ हादसा दाउदपुर थाना क्षेत्र के नंदलाल सिंह कॉलेज के नजदीक ट्रक आ स्कॉर्पियो के टक्कर में भइल। मरेवाला के पहचान सिवान जिला के दारौंदा थाना क्षेत्र के भिखाबंध गांव के निवासी अभय किशोर उपाध्याय के रूप में भइल बा। पुलिस मामला के छानबीन करतिया।

छपरा-सिवान मेन रोड प दाउदपुर थाना क्षेत्र के नंदलाल सिंह कॉलेज के नजदीक एतवार के सबेरे ट्रक आ स्कॉर्पियो के बीच भारी टक्कर भइल। एमें आर्केस्ट्रा संचालक के मौत हो गइल बा।

बतावल जाता कि मरेवाला सिवान जिला के दरौंदा थाना क्षेत्र के भिखाबंध गांव निवासी स्वर्गीय रामप्रवेश उपाध्याय के बेटा अभय किशोर उपाध्याय (65 साल) बतावल जाता। घटना के जानकारी मिलते पुलिस मौका पs पहुंच के मामला के छानबीन शुरू कऽ देलस।

मिलल जानकारी के मुताबिक रात के करीब 2 बजे आर्केस्ट्रा के संचालक अभय किशोर उपाध्याय स्कॉर्पियो से छपरा स्टेशन प जात रहले। कुछ लोग बंगाल से सीलदह-बलिया एक्सप्रेस ट्रेन से आवत रहले, उ लोग के ले आवे वाला रहले।

एही बीच दाउदपुर थाना क्षेत्र के नंदलाल सिंह कॉलेज के नजदीक एगो ट्रक अवुरी स्कॉर्पियो के टक्कर हो गइल। मौका पs उनकर मौत हो गइल। ट्रक चालक ए घटना के जानकारी पुलिस के देले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.