Yogini Ekadashi: योगिनी एकादशी पs कs लीं तुलसी के इs उपाय, धन-धान्य आ सुख में होई वृद्धि

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 19, 2025

21 जून के योगिनी एकादशी के व्रत मनावल जाई। एह दिन भगवान विष्णु के साथे देवी लक्ष्मी के पूजा कइल फायदेमंद होला। भक्त लोग एह दिन व्रत रखेला आ दान भी करेला। एकरा संगे एs

Share

21 जून के योगिनी एकादशी के व्रत मनावल जाई। एह दिन भगवान विष्णु के साथे देवी लक्ष्मी के पूजा कइल फायदेमंद होला। भक्त लोग एह दिन व्रत रखेला आ दान भी करेला। एकरा संगे एs दिन तुलसी से जुड़ल उपाय कईला से भी फायदा मिलेला। तुलसी भगवान विष्णु आ देवी लक्ष्मी दुनु के प्रिय हई, तs आईं जानी कि कवन उपाय आपके जीवन में सुख अवुरी समृद्धि दे सकता।

सुख समृद्धि के ई उपाय करीं

योगिनी एकादशी के दिन भगवान विष्णु के पूजा के संगे उनुका प्रसाद में कुछ तुलसी के पत्ता भी जरूर डालल जाला। एह सरल काम से रउरा भगवान विष्णु के आशीर्वाद के पात्र हो जानी. हालांकि ध्यान राखीं कि एकादशी से एक दिन पहिले तुलसी के पतई तुड़ लीं.

देवी लक्ष्मी के आशीर्वाद पावे के उपाय

एकादशी के तुलसी के पूजा भी जरूर करीं। एह दिन तुलसी के पास दीप आ धूप जरा के तुलसी से जुड़ल मंत्र के जाप कइल जाला। एकरा बाद तुलसी के परिक्रमा भी करे के चाही। पूजा के समय तुलसी के छूवे से बचे के चाहीं आ एकादशी के तुलसी पs पानी ना डाले के चाहीं।

तुलसी मंत्र- ‘महाप्रसाद जननी, सर्व सौभाग्यवर्धिनी, आधि व्याधि हरा नित्यं, तुलसी त्वं नमोस्तुते’

‘वृंदा वृंदावनी विश्वपूजिता विश्वपावनी’

वैवाहिक सुख के उपाय

अगर रउआ योगिनी एकादशी के दिन तुलसी माता के 16 श्रृंगार चढ़ावेनी तs वैवाहिक जीवन से जुड़ल सभ समस्या के अंत हो सकता। संगही, जे लोग जीवन के उपयुक्त साथी के तलाश में बाड़े उहो इs उपाय कs सकतारे।

सूर्यास्त के बाद दीया जराई

सूर्यास्त के बाद तुलसी के पास दीप जरूर जराई। एह समय के प्रदोष काल कहल जाला, एह दौरान अगर तुलसी के पास दीप जरावल जाव तs घर में सकारात्मकता आ जाला आ जीवन में धन आ सुख मिलेला।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.