शंभू बॉर्डर आजो जबरदस्त बवाल, पुलिस छोड़लस आंसू गैस के गोला, वाटर कैनन के इस्तेमाल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 14, 2024

शंभू सीमा से दिल्ली के ओर मार्च करत किसान के समूह अवुरी पुलिस एक बेर फेर आमने-सामने बा।  किसान के रोके खातीर पुलिस आंसू गैस के गोला छोड़ के वाटर कैनन के इस्तेमाल कईलस।  शंभू

Share

शंभू बॉर्डर आजो जबरदस्त बवाल

शंभू सीमा से दिल्ली के ओर मार्च करत किसान के समूह अवुरी पुलिस एक बेर फेर आमने-सामने बा।  किसान के रोके खातीर पुलिस आंसू गैस के गोला छोड़ के वाटर कैनन के इस्तेमाल कईलस।  शंभू सीमा पs हर जगह धुआं लउकत बा।

किसानन के दिल्ली के ओर बढ़ले से रोकल गइल
एकरा से पहिले जसही किसान दिल्ली के ओर मार्च करे लगले, हरियाणा पुलिस ओ लोग के रोक दिहलस।  किसान पुलिस से कहले कि हमनी के दिल्ली जाए के अनुमति देवे के चाही।  राष्ट्रीय राजधानी में जाके विरोध करे के हमनी के अधिकार हs, हमनी के आवाज ना दबावे के चाही।

साथही अम्बाला एसपी के कहल बा कि अगर रउरा दिल्ली जाए के बा तs रउरा के उचित अनुमति लेबे के पड़ी आ एक बेर अनुमति मिल गइला के बाद हमनी के रउरा के छोड़ देब जा.  काल्हु सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई भइल.  हम रउआ लोग से अपील करत बानी कि इहाँ शांति से बईठ के नियम के पालन करीं। 
इहो पढ़ीं: बीजेपी के दिग्गज नेता लालकृष्ण आडवाणी के बिगड़ल तबीयत, अस्पताल में करावल गइल भरती

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.