शंभू बॉर्डर आजो जबरदस्त बवाल, पुलिस छोड़लस आंसू गैस के गोला, वाटर कैनन के इस्तेमाल

Minee Upadhyay
शंभू बॉर्डर आजो जबरदस्त बवाल
- Sponsored Ads-

शंभू सीमा से दिल्ली के ओर मार्च करत किसान के समूह अवुरी पुलिस एक बेर फेर आमने-सामने बा।  किसान के रोके खातीर पुलिस आंसू गैस के गोला छोड़ के वाटर कैनन के इस्तेमाल कईलस।  शंभू सीमा पs हर जगह धुआं लउकत बा।

किसानन के दिल्ली के ओर बढ़ले से रोकल गइल
एकरा से पहिले जसही किसान दिल्ली के ओर मार्च करे लगले, हरियाणा पुलिस ओ लोग के रोक दिहलस।  किसान पुलिस से कहले कि हमनी के दिल्ली जाए के अनुमति देवे के चाही।  राष्ट्रीय राजधानी में जाके विरोध करे के हमनी के अधिकार हs, हमनी के आवाज ना दबावे के चाही।

- Sponsored Ads-

साथही अम्बाला एसपी के कहल बा कि अगर रउरा दिल्ली जाए के बा तs रउरा के उचित अनुमति लेबे के पड़ी आ एक बेर अनुमति मिल गइला के बाद हमनी के रउरा के छोड़ देब जा.  काल्हु सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई भइल.  हम रउआ लोग से अपील करत बानी कि इहाँ शांति से बईठ के नियम के पालन करीं। 
इहो पढ़ीं: बीजेपी के दिग्गज नेता लालकृष्ण आडवाणी के बिगड़ल तबीयत, अस्पताल में करावल गइल भरती

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।