Faridabad News: अनंगपुर के झील में डूबला से युवक के मौत, साथी फरार

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 3, 2024

Faridabad News: संदीप दू दिन पहिले आपन दोस्त विष्णु के साथे झील में नहाए गइल रहले। जवना के बाद उऽ वापस ना लवटले। सोमवार के भोरे परिवार के केहू सूचना देलस कि संदीप के लास

Share

Faridabad News: संदीप दू दिन पहिले आपन दोस्त विष्णु के साथे झील में नहाए गइल रहले। जवना के बाद उऽ वापस ना लवटले। सोमवार के भोरे परिवार के केहू सूचना देलस कि संदीप के लास झील पs मिलल बा। घटना के बाद संदीप के साथे गइल उनकर साथी विष्णु फरार बाड़े। विष्णुयो अनंगपुर गांव के रहे वाला बाड़े।

फरीदाबाद। अनंगपुर के झील में डूबके एगो युवक के मौत हो गइल। मृतक संदीप ऑटो चलावे के काम करत रहे। उऽ अनंगपुर में रहत रहे। परिवार के मोताबिक संदीप दू दिन पहिले अपना दोस्त विष्णु के साथे झील में नहाए खातिर गइले रहले। जवना बाद से उऽ वापस ना लौटले। सोमार के भोरे परिवार के केहू सूचना देलस कि संदीप के लास झील पs मिलल।

घटना के बाद से संदीप के साथे गइल उनकर साथी विष्णु फरार बा। विष्णुयो अनंगपुर गांवे के रहे वाला बा। परिवार मामला में हत्या के अशंको जता रहल बाड़े। हालांकि अबही ले कवनो पुलिस के केहू शिकायत नइखे देले। पुलिस के अनुसार संदीप के चेहरे पs कवनो तरे के चोट के निशान नइखे मिलल। अइसे में उनकर डूबे के कारण भइल बा। पुलिस विष्णु के तलाश में जुट गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.