प्रख्यात शिक्षाविद प्रो. पूर्णिमा शेखर के भइल निधन, सीएम नीतीश कुमार जतवलें शोक

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 20, 2023

आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय के सेंटर फॉर ज्योग्राफिकल स्टडीज के निदेशक प्रो. पूर्णिमा शेखर सिंह के बुध के सांझ निधन हो गइल। प्रो. पूर्णिमा शेखर सिंह पिछला कुछ दिनन से बेमार रहली। उनका ब्रेन हेमरेज भइल

Share

आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय के सेंटर फॉर ज्योग्राफिकल स्टडीज के निदेशक प्रो. पूर्णिमा शेखर सिंह के बुध के सांझ निधन हो गइल। प्रो. पूर्णिमा शेखर सिंह पिछला कुछ दिनन से बेमार रहली। उनका ब्रेन हेमरेज भइल रहे। एकरा बाद बुध के सांझ लगभग 7.30 बजे उनकर निधन हो गइल।

प्रो. सिंह पाटलिपुत्र विश्वविद्यालय के एएन कॉलेज में भूगोल विभाग के विभागाध्यक्ष रह चुकल बाड़ी। बिहार सरकार के पूर्व मुख्य सचिव आ बिहार म्यूजियम के महानिदेशक अंजनी कुमार सिंह के पत्नी प्रो. पूर्णिमा शेखर प्रख्यात शिक्षाविद रहली। बुध के उनकर निधन के बाद बियफे के सबेरे 8 बजे अस्पताल से उनकर पार्थिव शरीर उनका आवास पs ले आवल गइल। एकरा बाद बियफे के दीघा घाट पs उनकर अंतिम संस्कार कइल गइल। डॉ. पूर्णिमा शेखर के एगो बेटी आ एगो बेटा बा लो।

सीएम नीतीश कुमार जतवलें शोक

प्रो. पूर्णिमा शेखर के निधन पs बिहार के सीएम नीतीश कुमार गहिराह शोक जतवलें बाड़ें। मुख्यमंत्री अपना शोक संदेश में कहलें कि डॉ पूर्णिमा शेखर सिंह सेंटर फॉर ज्योग्राफिकल स्टडीज के निदेशक रहली आ उच्च शिक्षा खास तौर पs भौगोलिक शिक्षा के क्षेत्र में उनकर महत्वपूर्ण भूमिका रहल बा। ऊ एगो बेहतर प्रशासक के संगही कुशल प्राध्यापको रहली। छात्र छात्रा लोगन के बीचे ऊ बहुते लोकप्रिय रहली। उनका निधन से शैक्षणिक आ सामाजिक क्षेत्र में अपूरणीय क्षति भइल बा। मुख्यमंत्री दिवंगत आत्मा के चिर शांति आ दुख के एह घड़ी में उनका परिजनन के धैर्य धारण करे के शक्ति प्रदान करे के ईश्वर से प्रार्थना कइले बाड़ें।

साभार: इनसाइडर लाइव

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.