Fact Check: ऋषिकेश में राफ्टिंग के दौरान बह गइले 6 लोग? का बा वायरल हो रहल एs VIDEO के सच

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 12, 2025

सोशल मीडिया आ एआई के दौर में रोज बहुते फेक न्यूज आ फेक वीडियो वायरल हो जाला. एह फेक न्यूज से रउरा के सावधान करे खातिर हमनी के तथ्य जांच ले के आइल बानी जा.

Share

सोशल मीडिया आ एआई के दौर में रोज बहुते फेक न्यूज आ फेक वीडियो वायरल हो जाला. एह फेक न्यूज से रउरा के सावधान करे खातिर हमनी के तथ्य जांच ले के आइल बानी जा. फेक न्यूज के ताजा मामला नदी में राफ्टिंग करत लोग के डूबे के वीडियो से जुड़ल बा। नदी में राफ्टिंग करत कुछ लोग के डूबे के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। एकरा के शेयर करत कुछ यूजर दावा कs रहल बाड़े कि इs घटना ऋषिकेश के हs, जहवां राफ्टिंग के दौरान 6 लोग के बहावल गईल।

हालांकि तथ्य जांच के जांच में सोशल मीडिया पs भईल वायरल दावा भ्रामक साबित भईल। हमनी के जांच में पता चलल कि इs वीडियो भारत के ना, बालुक बोस्निया-हर्जेगोविना के हs। जानकारी के मुताबिक मार्च 2025 में बोस्निया के एगो बड़ नदी व्रबास में राफ्टिंग करत पांच लोग के नाव तेज धारा के चलते पलट गईल। हालांकि एह हादसा में कवनो जानमाल के नुकसान ना भइल.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.