Facebook आ Instagram डाउन, बंद भइल मेटा के कईगो सर्विस, नईखे काम करsत FB

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 5, 2024

  फेसबुक डाउन : मेटा के कई गो सेवा डाउन बा। फेसबुक आ इंस्टाग्राम काम नइखे करत। बहुत लोग के फेसबुक अकाउंट अपने आप लॉग आउट हो रहल बा। जबकि इंस्टाग्राम के बहुत फीचर काम

Share

 

फेसबुक डाउन : मेटा के कई गो सेवा डाउन बा। फेसबुक आ इंस्टाग्राम काम नइखे करत। बहुत लोग के फेसबुक अकाउंट अपने आप लॉग आउट हो रहल बा। जबकि इंस्टाग्राम के बहुत फीचर काम नईखे करत।

डाउनडिटेक्टर के मुताबिक भारत के समय रात 9.10 बजे मेटा के सेवा प्रभावित भईल बा। मोबाइल ऐप समेत वेब सेवा भी सुलभ नईखे। फेसबुक ऐप भी काम नईखे करत।

बहुत यूजर खातिर इंस्टाग्राम के कमेंट सेक्शन काम नईखे करत अवुरी बहुत यूजर एs ऐप ले पहुंचे में भी असमर्थ बाड़े। ध्यान देवे वाला बात बा कि फेसबुक अवुरी इंस्टाग्राम के सेवा खाली भारत में ना बालुक पूरा दुनिया में डाउन बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.