Exit Polls में सपा के हरले के अनुमान, जानीं का बोलनें ओपी राजभर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 8, 2022

उत्तर प्रदेश में विधानसभा चुनाव के बाद अब 10 मार्च के नतीजन के बारी बा। एसे पहिले सोमवार के आइल कई एग्जिट पोल्स जहवा एक ओर भारतीय जनता पार्टी (बीजेपी) के उत्साहित कs देहले बा

Share

उत्तर प्रदेश में विधानसभा चुनाव के बाद अब 10 मार्च के नतीजन के बारी बा। एसे पहिले सोमवार के आइल कई एग्जिट पोल्स जहवा एक ओर भारतीय जनता पार्टी (बीजेपी) के उत्साहित कs देहले बा त दूसरे ओर सपा गठबंधन के झटका लागल बा। लमसम सब एग्जिट पोल्स में बीजेपी के जीत अउर सपा के हरले के दावा कइल जा रहल बा। एही बिचे सपा गठबंधन के अहम हिस्सेदार सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी (सुभासपा) परमुख ओमपरकाश राजभर एक्जिट पोल्स पs चुप्पी तुरले बाने। ऊ एके खारिज करत दावा कइने कि सपा गठबंधने के सरकार बने जा रहल बा। उहवे उनकर चिंता ईवीएम के सुरक्षा के लेके बा।

ओपी राजभर ने मंगर के भिनहिये ट्वीट कइने, ”उत्तर प्रदेश के जनता के जनादेश, सपा+सुभासपा गठबंधन आ रहल बा। टेलीविजन पs ध्यान न देई जा… जब ले गिनवाई नाइ, तबले ढिलवाई नाइ! EVM मशीन पर रहे हमेशा ध्यान।” 2017 में भाजपा के संगे चुनाव लड़ क योगी सरकार में मंतरी रहल राजभर बाद में बगावत कके सपा गठबंधन में सामिल हो गइनें।

रामगोपाल यादवो एग्जिट पोल्स के खारिज करत कार्यकर्तन से मतगणना में सावधानी बरतले के कहनें। अखिलेश यादव के चाचा अउर राज्यसभा सांसद राम गोपाल यादव कहनें, ”एग्जिट पोल्स मॉनिटर्ड बा। समाजवादी गठबंधन 300+ सीटें जीत रहल बा। उम्मीदवार अउर कार्यकर्ता सावधान होके मतगणना करावें अउर 10 मार्च के विजय पताका फहरवले के तैयारी करें|

 

साभार – हिन्दुस्तान 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.