आबकारी नीति केस: केजरीवाल के चुनौती सीबीआई के गिरफ्तारी के हाईकोर्ट में, का सीएम के राहत मिली? आज सुनवाई बा!

Share

केजरीवाल अबकारी नीति के मामला में सीबीआई के गिरफ्तारी के हाईकोर्ट में चुनौती देले बाड़े। केजरीवाल निचला अदालत के एह टिप्पणी के भी चुनौती देले बाड़े कि उनकर गिरफ्तारी कानूनी ना रहे।

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल अबकारी नीति के मामला में केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) के गिरफ्तारी के हाईकोर्ट में चुनौती देले बाड़े। केजरीवाल निचला अदालत के एह टिप्पणी के भी चुनौती देले बाड़े कि उनकर गिरफ्तारी कानूनी ना रहे।

सीबीआई केजरीवाल के 26 जून के गिरफ्तार कइले रहे, जब ऊ प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के ओर से दर्ज मनी लांड्रिंग के मामला में न्यायिक हिरासत में रहले। केजरीवाल के हाल ही में 20 जून के ईडी मामला में निचला अदालत जमानत देले रहे। हालांकि ईडी के ओर से जरूरी याचिका दायर कइला के बाद अगिला दिन दिल्ली हाईकोर्ट जमानत पs अंतरिम रोक दे दिहलस। निचला अदालत के जमानत आदेश पs रोक लगावे के पुष्टि दिल्ली हाईकोर्ट 25 जून के कइले रहे।

एकरा बाद 26 जून के सीबीआई ओकरा के गिरफ्तार कs 29 जून तक सीबीआई के हिरासत में भेज दिहलस। 29 जून के जब सीबीआई उनकर हिरासत बढ़ावे के मांग ना कइलस तs उनका के 12 जुलाई तक न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल। केजरीवाल के पहिला बेर ईडी 21 मार्च 2024 के गिरफ्तार कइले रहे। उनका पs आरोप बा कि ऊ शराब नीति में जानबूझ के खामी छोड़े के साजिश के प्रमुख साजिश रचले ताकि कुछ शराब बेचे वाला के फायदा होखे।

कविता के जमानत देबे से कोर्ट मना कर दिहलस

अबकारी नीति से जुड़ल मनी लांड्रिंग आ भ्रष्टाचार के मामिला में बीआरएस नेता कविता के जमानत देबे से हाईकोर्ट सोमार के दिने मना कर दिहलस। केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) अवुरी प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के ओर से दर्ज मामला में कविता के जमानत मांगे वाला याचिका के न्यायमूर्ति स्वर्णाकांत शर्मा खारिज कs देले। कविता अभी सीबीआई आ ईडी दुनो मामला में न्यायिक हिरासत में बाड़ी।

भ्रष्टाचार के मामला में गिरफ्तारी से जुड़ल पूरा कार्यवाही के अलावे कविता एगो अलग याचिका के माध्यम से निचला अदालत के आदेश के भी चुनौती देले रहली, जवना में सीबीआई के ईडी मामला में न्यायिक हिरासत में रहला के दौरान पूछताछ करे के अनुमति दिहल गइल रहे। उनकर कहनाम बा कि, उनका के कवनो नोटिस चाहे कारण देखावे के नोटिस बिना जारी कइले आदेश पारित भइल बा। कविता निचला अदालत के आदेश के चुनौती दिहली जवना में सीबीआई के उनका के गिरफ्तार करे के अनुमति दिहल गइल रहे, संगही उनका के पुलिस आ न्यायिक हिरासत में भेजे के आदेश के चुनौती देली। 6 मई के निचला अदालत सीबीआई के ओर से दर्ज मनी लांड्रिंग आ भ्रष्टाचार के मामला में जमानत देवे से इनकार कs देले रहे। कविता के 15 मार्च के सांझ के ईडी गिरफ्तार कs लेले रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-