EPFO में जादे पेंशन खातिर आवेदन करे के आखिरी मवका, जानीं के-के कs सकत बा अप्लाई

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2023

EPS के तहत उच्च स्कीम खातिर आवेदन करे के आखिरी तारीख आज माने 11 जुलाई, 2023 बा। एकरा माध्यम से रउआ EPFO के ओर से तय कइल सीमा 15,000 रुपिया से जादे पेंशन पा सकत

Share

EPS के तहत उच्च स्कीम खातिर आवेदन करे के आखिरी तारीख आज माने 11 जुलाई, 2023 बा। एकरा माध्यम से रउआ EPFO के ओर से तय कइल सीमा 15,000 रुपिया से जादे पेंशन पा सकत बा। एकरा पहिलहू उच्च पेंशन खातिर आवेदन करे के आखिरी तारीख के तीन बेर बढ़ावल जा चुकल बा। रउआ एकरा खातिर EPFO के मेंबर सेवा पोर्टल पs जाके आवेदन करे के होई।

बता दीं, उच्च पेंशन के विकल्प चुनला के बाद रउआ केतना अतिरिक्त जोगदान देवे के होई। एकरा खातिर ईपीएफओ पहिलही एगो कैलकुलेटर लॉन्च कs चुकल बा। एकरा के ईपीएफओ के मेंबर सेवा पोर्टल पs जाके डाउनलोड कइल जा सकत बा। एकरा मदद से रउआ आसानी से कैलकुलेट कs सकत बानी कि रउआ उच्च पेंशन खातिर केतना अतिरिक्त जोगदान देवे के होई।

सरकार के ओर से 3 मई, 2023 के जारी कइल गइल नोटिस में कहल गइल रहे कि उच्च पेंशन खातिर 1.16 प्रतिशत के अतिरिक्त जोगदान नियोक्ता के शेयर में से लिहल जाई।

ईपीएफ कानून के मोताबिक, सैलरी के 12 -12 प्रतिशत जोगदान नियोक्ता आ कर्मचारी के ईपीएफ अकाउंट में देवे के होला। कर्मचारी के 12 प्रतिशत हिस्सा EPF खाता में जाला। नियोक्ता के 12 प्रतिशत हिस्सा में से 8.33 प्रतिशत ईपीएस खाता (वेतन सीमा के अधीन) में जाला आ बाकी 3.67 प्रतिशत ईपीएफ खाता में जाला।

के-के कs सकत बा आवेदन?

  • रिटायर कर्मचारी जे कि उच्च पेंशन पावे खातिर एक सितंबर, 2014 से पहिलही ज्वाइंट एप्लीकेशन जमा कs चुकल बा।
  • कर्मचारी जे एक सितंबर 2014 से ईपीएस के पहिले सदस्य रहे, बाकिर आवेदन ना कइले रहे।
  • एक सितंबर 2014 के बाद ईपीएस के सदस्य बनल कर्मचारी एकरा खातिर पात्र ना होई लो।
  • बिना उच्च पेंशन के विकल्प चुनले एक सितंबर, 2014 से पहिले रिटायर भइल कर्मचारियो एकर पात्र नइखे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.