EPFO New Rules : UAN बनावे के प्रक्रिया आसान, PF ट्रांसफर होई तेज, एह कर्मचारियन के मिली फायदा

EPFO new rules make UAN generation easier and speed up PF transfer process for employees

Share

नई दिल्ली। कर्मचारी भविष्य निधि संगठन माने EPFO (Employees’ Provident Fund Organisation) कर्मचारी आ संस्थान खातिर एगो जरूरी अपडेट जारी कइले बा। ई अपडेट प्रधानमंत्री विकसित भारत रोजगार योजना से जुड़ल बा, जवना के तहत देस के लाखन कामकाजी जुवा आ कंपनियन के फायदा मिल सकेला।

EPFO अपना आधिकारिक सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स के माध्यम से योजना के पात्रता आ जरूरी नियम के जानकारी साझा कइले बा। सरकार के एह योजना के मुख्य उद्देश्य देस में रोजगार के बढ़ावा देवे के बा। संगही नया कर्मचारी आ नियोक्तन के ईपीएफ जोगदान में आर्थिक सहायता देवे के मकसद बा।

UAN जनरेशन आ PF ट्रांसफर में होई आसानी

EPFO के नया अपडेट से कर्मचारियन के यूनिवर्सल अकाउंट नंबर माने UAN बनावे के प्रक्रिया आसान होखे वाला बा। UAN के मदद से कर्मचारी अपना पीएफ खाता के जानकारी आसानी से देख सकेला आ नौकरी बदले के समय पीएफ ट्रांसफर के प्रक्रिया तेज हो सकेला। ई योजना खासतौर पs ओह नवहन खातिर फायदेमंद बा, जे पहिला बेर औपचारिक क्षेत्र में नौकरी सुरू कs रहल बा।

कवन कर्मचारी उठा सकेलें योजना के लाभ?

EPFO के अनुसार, प्रधानमंत्री विकसित भारत रोजगार योजना के फायदा उठावे खातिर कुछ जरूरी पात्रता पूरा करे के होई।

पहिला शर्त: योजना के मुख्य लाभ ओह नया कर्मचारियन के मिली, जे पहिला बेर फॉर्मल सेक्टर में रोजगार से जुड़ रहल बा।

दूसर शर्त: कर्मचारी के वेतन सरकार द्वारा तय कइल गइल सीमा के भीतर होखे के चाहीं। तय सैलरी ब्रैकेट में आवे वाला कर्मचारी योजना खातिर पात्र मानल जाई।

तीसर शर्त: लाभार्थी के लगे वैध UAN होखे के जरूरी बा। ई UAN कर्मचारी के आधार कार्ड से लिंक होखे के चाहीं।

रोजगार बढ़ावे खातिर सरकार के पहल

विशेषज्ञन के माने के बा कि प्रधानमंत्री विकसित भारत रोजगार योजना से देस में रोजगार के अवसर बढ़ सकेला। एह योजना से नया कर्मचारी के नौकरी मिले में मदद मिली आ कंपनियन के नया लोग के नियुक्ति करे में सुविधा होई।

सरकार एह योजना के माध्यम से ईपीएफ जोगदान में सहायता दे सकेले, जवना से कर्मचारी के हाथ में आवे वाला वेतन पs सकारात्मक असर पड़ सकेला।

EPFO कर्मचारी आ कंपनियन से अपील कइले बा कि ऊ लोग योजना के नियम ध्यान से पढ़े आ समय रहते जरूरी रजिस्ट्रेशन प्रक्रिया पूरा करे, ताकि मिलत सुविधा के लाभ उठावल जा सके।

Read Also: Badaun Road Accident : हाईवे पs रेस लगा रहल ट्रैक्टर ई-रिक्शा के रउदलस, छव महिलन के मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-