[the_ad_group id="30365"]

Badaun Road Accident : हाईवे पs रेस लगा रहल ट्रैक्टर ई-रिक्शा के रउदलस, छव महिलन के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बदायूं। जिला में बुध के एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। उझानी कोतवाली क्षेत्र के फूलपुर इलाका में हाईवे पs दूगो गो ट्रैक्टर चालक रेस लगावत रहले सs। एही दौरान तेज रफ्तार ट्रैक्टर ई-रिक्शा के टक्कर मार देलस। एह हादसा में छव महिलन के मौत हो गइल, जबकि तीन लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल।

घटना के जानकारी मिलतही पुलिस प्रशासन में हड़कंप मच गइल। आसपास के लोग तुरंत घटनास्थल पs पहुंचल आ घायलन के अस्पताल पहुंचावल। घायलन के इलाज राजकीय मेडिकल कॉलेज में चल रहल बा। हादसा के सूचना मिलते जिलाधिकारी आ एसएसपी घटनास्थल पs पहुंच के इस्थिति के जायजा लिहल लोग।

फूलपुर के लगे भइल भीषण दुर्घटना

जानकारी के मोताबिक, कछला आ उझानी के बीच फूलपुर क्षेत्र में बुध के दुपहरिया ई हादसा भइल। प्रत्यक्षदर्शियन के अनुसार, दूगो ट्रैक्टर चालक निर्माणाधीन हाईवे पs एक-दूसरा से आगे निकले के होड़ में रेस लगावत रहले सs।

एही दौरान सामने से एगो ई-रिक्शा आ गइल। ट्रैक्टर चालक ओवरटेक करे के कोसिस कइलें सs, जवना में एगो ट्रैक्टर ई-रिक्शा में जोरदार टक्कर मार देलस। टक्कर के बाद दूसरको ट्रैक्टर ई-रिक्शा के रउद देलस। हादसा एतना भयानक रहे कि ई-रिक्शा के परखच्चा उड़ गइल।

छव महिलन के मौत, तीन घायल

हादसा में ई-रिक्शा पs सवार छह महिलन के जान चल गइल। मृतकन में राजकुमारी, गंगा श्री, रेवती, प्रेम देवी, नारायणी देवी आ आरती सामिल बा लोग।

ओहिजा, ई-रिक्शा चालक सनी (32 साल), डाल सिंह (58 साल) सहित तीन लोग घायल भइल बा। सब घायलन के राजकीय मेडिकल कॉलेज में भरती कराके इलाज करावल जा रहल बा।

बतावल जा रहल बा कि कछला के मुरावन नगला निवासी डाल सिंह के बेटा कुंवर पाल के बियाह 29 जून के होखे वाला बा। परिवार के महिला लोग बियाह के रस्म ‘भात’ मांगे खातिर पड़ोसी गांव गठोना जात रहे लाेग। बाकिर रास्ता में भइल एह हादसा से बियाह के खुसी मातम में बदल गइल। घटना के खबर मिलते परिवार में कोहराम मच गइल आ गांव में शोक के माहौल बन गइल।

फरार चालकन के तलाश में जुटल पुलिस

हादसा के बाद एगो ट्रैक्टर चालक आपन वाहन लेके फरार हो गइल, जबकि दूसरका ट्रैक्टर-ट्रॉली घटनास्थल पs छोड़ के भाग गइल। पुलिस बरामद ट्रैक्टर के कब्जा में ले लेले बिया आ फरार चालकन के तलाश सुरू कs देले बिया।

डीएम आ एसएसपी अस्पताल पहुंच के घायेलन के हालचाल जानल लोग। पुलिस के कहनाम बा कि पूरा ममिला के जांच कइल जा रहल बा आ दोषी चालकन पs कड़ा कार्रवाई कइल जाई।

Read Also: Raipur Airport Incident : रायपुर एयरपोर्ट पs टलल बड़ हादसा, दिल्ली से आ रहल एअर इंडिया विमान से टकराइल चिरई, सब यात्री सुरक्षित

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]