[the_ad_group id="30365"]

EPF Interest Rate : सरकार FY 2025-26 खातिर EPF पs 8.25% ब्याज दर के देलस मंजूरी

EPF Interest Rate 2025-26 Government Approves 8.25 Percent
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। कर्मचारी भविष्य निधि (EPF) से जुड़ल करोड़न कर्मचारियन खातिर एगो बड़ खबर सामने आइल बा। केंद्र सरकार वित्त बरिस 2025-26 खातिर EPF जमा पs 8.25 प्रतिशत ब्याज दर के मंजूरी दे देले बिया।

सूत्रन के हवाले से PTI के रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि सरकार के मंजूरी मिलला के बाद एह महीना सात करोड़ से जादे सब्सक्राइबर के खाता में ब्याज के रकम जमा होखे के संभावना बा।

EPFO कब जमा करेला ब्याज के रकम?

कर्मचारी भविष्य निधि संगठन यानी Employees’ Provident Fund Organisation (EPFO) सब्सक्राइबर के खाता में ब्याज के रकम तबे जमा करेला, जब वित्त मंत्रालय ब्याज दर के औपचारिक मंजूरी दे देला आ एकर जानकारी जारी कs देला।

EPFO हर साल अपना सेंट्रल बोर्ड ऑफ ट्रस्टीज (CBT) के सिफारिश के आधार पs ब्याज दर तय करेला। एकरा बाद वित्त मंत्रालय के मंजूरी मिलला पs कर्मचारी लोग के खाता में ब्याज जमा कइल जाला।

सात करोड़ से जादे कर्मचारियन के मिली फायदा

सरकार के एह फैसला से देसभर के सात करोड़ से जादे ईपीएफ खाताधारक कर्मचारी के फायदा होखे के उम्मेद बा। ब्याज के रकम खाता में जमा होखला के बाद कर्मचारी अपना भविष्य निधि बचत में बढ़न्ती देख सकेला।

पीटीआई के रिपोर्ट में एगो सूत्र के हवाले से कहल गइल बा कि वित्त मंत्रालय ईपीएफओ के सर्वोच्च निर्णय लेवे वाली संस्था सेंट्रल बोर्ड ऑफ ट्रस्टीज (CBT) द्वारा तय 8.25 प्रतिशत ब्याज दर के मंजूरी दे देले बा।

कर्मचारियन खातिर राहत के खबर

ईपीएफ कर्मचारियन के रिटायरमेंट के समय आर्थिक सुरक्षा देवे वाला एगो महत्वपूर्ण बचत योजना हs। ब्याज दर में बढ़न्ती भा इस्थिरता से कर्मचारियन के भविष्य निधि फंड में जमा रकम पs सीधा असर पड़ेला। एह फैसला के बाद लाखन कर्मचारी अब अपना ईपीएफ खाता में ब्याज जमा होखे के इंतजार करत बाड़ें।

Read Also: IND vs AFG ODI : रोहित शर्मा रचलें इतिहास, लिस्ट ए क्रिकेट में 14 हजार रन पूरा करे वाला भारत के टॉप-5 बल्लेबाजन में भइलें सामिल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]