जम्मू कश्मीर के राजौरी-कुपवाड़ा में मुठभेड़ में 3 गो आतंकी ढेर

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2024

  जम्मू कश्मीर के कुपवाड़ा आ राजौरी में दू गो अलग अलग मुठभेड़ में तीन गो आतंकियन के मारल जाए के खबर बा. मुठभेड़ खतम भइला के बाद दू से तीन गो अउरी आतंकियन के

Share

सर्च ऑपरेशन के दौरान सेना के जवान :फोटो

 

जम्मू कश्मीर के कुपवाड़ा आ राजौरी में दू गो अलग अलग मुठभेड़ में तीन गो आतंकियन के मारल जाए के खबर बा. मुठभेड़ खतम भइला के बाद दू से तीन गो अउरी आतंकियन के मउत के पुष्टि हो सकेला. भारतीय सेना के मुताबिक, संभावित घुसपैठ के बारे में खुफिया जानकारी के आधार पs भारतीय सेना अवुरी जम्मू-कश्मीर पुलिस के ओर से 28-29 अगस्त के रात कुपवाड़ा के टंगधर के सामान्य इलाका में घुसपैठ विरोधी अभियान शुरू भईल। उत्तर कश्मीर के कुपवाड़ा जिला के कुमकडी इलाका आ तंगधार सेक्टर में तीन गो आतंकी मारे के खबर बा. एकरा संगे राजौरी में भईल मुठभेड़ में आतंकी के मउत भी हो सकता। हालांकि मुठभेड़ अवुरी तलाशी अभियान अभी भी जारी बा अवुरी सेना आतंकी के शव नईखे बरामद कईले।

राजौरी जिला के लाठी इलाका में बियफ़ें के सबेरे सुरक्षा बल अवुरी आतंकी के बीच मुठभेड़ भईल। बियफ़ें के सबेरे संदिग्ध गतिविधि के जानकारी मिलला के बाद इलाका में तलाशी अभियान चलावल गईल। जांच अवुरी तलाशी अभियान के दौरान छिपल आतंकी अवुरी जवान के आमने-सामने भईल। एकरा बाद मुठभेड़ शुरू हो गईल। मानल जाता कि ए इलाका में दु से तीन आतंकी लुकाईल रहले। आतंकवादियन के सफाया कs के एह इलाका में सेना के ठिकाना मजबूत करे खातिर अउरी जवान भेजल गइल बा.

कुपवाड़ा मुठभेड़ पs एगो अधिकारी बतवले कि सांझ के 7.40 बजे घुसपैठ करेवाला आतंकी के आवाजाही के पता चलल, जवना के बाद जल्दी संपर्क स्थापित भईल अवुरी तलाशी अभियान के दौरान मुठभेड़ भईल।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.