रूद्रपुर में वन विभाग के टीम आ तस्करन के बीच एनकाउंटर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 7, 2024

  उत्तराखंड के रुद्रपुर के उधम सिंह नगर में शनिचर के दिने वन तस्कर आ वन रेंजरन के बीच मुठभेड़ देखल गइल. एह मुठभेड़ में चार गो वनकर्मी घायल हो गइल बाड़े. एह फायरिंग से

Share

 

उत्तराखंड के रुद्रपुर के उधम सिंह नगर में शनिचर के दिने वन तस्कर आ वन रेंजरन के बीच मुठभेड़ देखल गइल. एह मुठभेड़ में चार गो वनकर्मी घायल हो गइल बाड़े. एह फायरिंग से वन विभाग आ पुलिस विभाग में हलचल मच गइल बा. बता दीं कि तराई सेंट्रल वन डिवीजन, रुद्रपुर के पीपल पड़ाव रेंज के वन अधिकारी लोग के जानकारी मिलल कि कुछ लकड़ी तस्कर लकड़ी के तस्करी करे खातिर जंगल में घुसल बाड़े। एs जानकारी के बाद रेंजर रूप नारायण गौतम अपना टीम के संगे जंगल में गश्त खातीर निकल गईले।

वनकर्मियन आ तस्कर के बीच मुठभेड़

एह दौरान गुलरभोज से सटल जंगल में वनकर्मियन आ वन तस्कर आमने-सामने हो गइले. तस्कर जसही वन विभाग के टीम के देखले तs एक के बाद एक वन विभाग के टीम पs गोलीबारी शुरू कs देले। एह दौरान दुनो ओर से बहुत गोलीबारी भईल। जब तक टीम के कुछूओ पता चलल तब तक वन के चार जवान घाही हो गईले। एह फायरिंग में रेंजर रूपनारायण गौतम, वन रक्षक सौरभ शर्मा, कमल तिवारी, हीरा सिंह घायल हो गइलन. चारो वनकर्मी के तुरंत रुद्रपुर जिला अस्पताल में भर्ती करावल गईल।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.