Emirates flight: हवाई जहाज से टकरा के 36 गो फ्लेमिंगो के मौत हो गइल, मुंबई के कई इलाका में मिलल मरल चिरई

By Anurag Ranjan

Published on: May 21, 2024

बतावल जाता कि मुंबई के कई गो अलगा-अलगा इलाका से मरल फ्लेमिंगो बरामद भइल बाड़ी सs। स्थानीय लोग फोन कs के एकरा बारे में जानकारी देले, जेकरा बाद वन विभाग आ बाकी टीम मौका पs

Share

बतावल जाता कि मुंबई के कई गो अलगा-अलगा इलाका से मरल फ्लेमिंगो बरामद भइल बाड़ी सs। स्थानीय लोग फोन कs के एकरा बारे में जानकारी देले, जेकरा बाद वन विभाग आ बाकी टीम मौका पs पहुंच के मरेवाली फ्लेमिंगो के पकड़ लेले।

मुंबई के घाटकोपर में एमिरेट्स के उड़ान से टकरा के नाहियो त 36 फ्लेमिंगो के मौत हो गइल । एकरा संगे-संगे विमान के भी नुकसान भइल। मंगल के दिने एगो वन्यजीव कल्याण समूह के सदस्य एह घटना के जानकारी दिहलस ।

मरे वाला चिरई के पोस्टमार्टम खातिर भेजल गइल 

‘रेजिंग एसोसिएशन फॉर वाइल्डलाइफ वेलफेयर’ (आरएडब्ल्यूडब्ल्यू) के संस्थापक आ वन विभाग के मानद वन्यजीव वार्डन पवन शर्मा बतवले कि घाटकोपार के कुछ जगहा मरे वाला चिरई देखे के बहुत लोग के फोन आवत रहे। उ बतवले कि मरेवाली चिरई के मौत के असली कारण के पता लगावे खातीर पोस्टमार्टम खातीर भेजल गइल बा।

सोमवार के रात के घटना

मुंबई आवत एमिरेट्स के फ्लाइट से टकरा के 36 गो फ्लेमिंगो के मौत हो गइल । सोमवार के रात में एह घटना के खबर दिहल जा रहल बा । एह टक्कर के बाद घाटकोपर इलाका में बहुते मरे वाली फ्लेमिंगो मीलल बाड़ी सs । एह टक्कर के चलते विमान के भी बहुत नुकसान भइल। हालांकि विमान सुरक्षित हवाई अड्डा पs उतर गईल। फिलहाल सब यात्री सुरक्षित बतावल जाता। वन अधिकारी आ पशु कार्यकर्ता मरल फ्लेमिंगो चिरई के हटा दिहले बाड़न ।

अलगा-अलगा इलाका में मिलल मरे वाली चिरई

एह हादसा के कई गो वीडियो भी सामने आइल बा। बतावल जाता कि मुंबई के कई अलगा-अलगा इलाका से मरल फ्लेमिंगो बरामद भइल बाड़ी सs। स्थानीय लोग फोन कs के एकरा बारे में जानकारी देले, जेकरा बाद वन विभाग आ बाकी टीम मौका पs पहुंच के मरेवाला फ्लेमिंगो के पकड़ लेले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.