भाजपा राष्ट्रीय अध्यक्ष खातिर अब चुनाव जरूरी नइखे : पद खाली होखला पs पार्लियामेंट्री बोर्ड अध्यक्ष नियुक्त कs सकी, राष्ट्रीय अधिवेशन में प्रस्ताव पास

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 18, 2024

भाजपा में अब राष्ट्रीय अध्यक्ष के अब चुनाव जरूरी नइखे।  पद खाली होखला पs पार्लियामेंट्री बोर्ड अध्यक्ष के नियुक्ति कs सकी। भाजपा के राष्ट्रीय अधिवेशन में ई प्रस्ताव पास कइल गइल। एह प्रस्ताव के पास

Share

भाजपा में अब राष्ट्रीय अध्यक्ष के अब चुनाव जरूरी नइखे।  पद खाली होखला पs पार्लियामेंट्री बोर्ड अध्यक्ष के नियुक्ति कs सकी। भाजपा के राष्ट्रीय अधिवेशन में ई प्रस्ताव पास कइल गइल।

एह प्रस्ताव के पास होखला के बाद बीजेपी अध्यक्ष जेपी नड्‌डा के कार्यकाल जून 2024 तक बढ़ा दिहल गइल बा। जेपी नड्डा जून 2019 में पार्टी के कार्यकारी अध्यक्ष बनल रहस। एकरा बाद 20 जनवरी 2020 के पूर्णकालिक अध्यक्ष बनावल गइलें।

भाजपा में अध्यक्ष पद के चुनाव के प्रक्रिया का बा?

भारतीय जनता पार्टी (BJP) में अध्यक्ष पद के चुनाव खातिर पार्टी के संविधान में स्पष्ट निरदेस बा। पार्टी के संविधान के धारा-19 के तहत राष्ट्रीय अध्यक्ष के चुनाव के बेबस्था कइल गइल बा। धारा-19 के मोताबिक, पार्टी के अध्यक्ष के चुनाव एगो निर्वाचक मंडल कावर से कइल जाई। एमे राष्ट्रीय परिषद आ प्रदेश परिषदों के सदस्य होई लो। पार्टी के संविधान में कहल गइल बा कि ई चुनाव राष्ट्रीय कार्यकारिणी कावर से निर्धारित नियमन के मोताबिक कइल जाई।

अध्यक्ष चुनल जाये खातिर ई जरूरी बा कि व्यक्ति कम से कम 15 साल तक पार्टी के प्राथमिक सदस्य रहल होखे। धारा-19 के पेज में ई लिखल गइल बा कि निर्वाचक मंडल में से कुल 20 सदस्य राष्ट्रीय अध्यक्ष पद के चुनाव के योग्यता रखे वाला व्यक्ति के नाम के प्रस्ताव रखी लो। ई संयुक्त प्रस्ताव कम से कम 5 अइसन प्रदेशन से आइल जरूरी बा, जहां राष्ट्रीय परिषद के चुनाव संपन्न हो चुकल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.