ईद-उल-फितर 2023 : भारत में ईद-उल-फितर कब मनावल जाई? सही तारीख आ अउरी जानि विवरण

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 19, 2023

ईद-उल-फितर 2023 : ईद-उल-फितर एगो खुशी के मौका ह, जवना के हर उम्र के मुसलमान उत्साह अवुरी भक्ति के संगे मनावेले। आमतौर पे इस्लामी कैलेंडर के दसवाँ महीना शव्वाल के पहिला दिन चंद्रमा के दर्शन

Share

ईद-उल-फितर 2023 : ईद-उल-फितर एगो खुशी के मौका ह, जवना के हर उम्र के मुसलमान उत्साह अवुरी भक्ति के संगे मनावेले। आमतौर पे इस्लामी कैलेंडर के दसवाँ महीना शव्वाल के पहिला दिन चंद्रमा के दर्शन के बाद ईद-उल-फितर मनावल जाला। दुनिया भर के देशन में चंद्रमा के देखला के आधार पे ईद-उल-फितर के तारीख अलग-अलग हो सकेला।

ईद-उल-फितर 2023 : रमजान के पावन महीना खतम होखे वाला बा। दुनिया भर के मुसलमान ईद-उल-फितर के महत्वपूर्ण त्योहार मनावे के तैयारी में बाड़े। ईद के परब एक महीना के रोजा के अंत में मनावल जाला। मुस्लिम समुदाय खातिर ईद-उल-फितर सबसे बड़ त्योहार ह, एहसे हर उम्र के लोग बेसब्री से ईद के इंतजार करेले। जइसे चंद्रमा के दर्शन के बाद रमजान के पावन महीना शुरू होला ओसही रमजान के अंतिम दिन चंद्रमा देखला के बाद ईद के परब मनावल जाला। एह साल रमजान के महीना 24 मार्च से शुरू भइल। अयीसना में मानल जाता कि चंद्रमा के देखले के बाद भारत में 21 चाहे 22 अप्रैल के ईद के त्योहार मनावल जाई।

ईद-उल-फितर एगो खुशी के मौका ह, जवना के हर उम्र के मुसलमान उत्साह आ भक्ति से मनावेले। आमतौर पे इस्लामी कैलेंडर के दसवाँ महीना शव्वाल के पहिला दिन चंद्रमा के दर्शन के बाद ईद-उल-फितर मनावल जाला। दुनिया भर के देशन में चंद्रमा के देखला के आधार पे Get App उल-फितर के तारीख अलग-अलग हो सकेला। ईद के त्योहार शांति आ भाईचारा के संदेश लेके आवेला। एह दिन सबेरे पहिला नमाज कइल जाला। फिर मुस्लिम समुदाय के लोग एक दूसरा के गले लगा के ईद के बधाई देवेले। एह दिन लोग के घर में तरह तरह के मीठ पकवान (खासतौर पे सेंवई) बनावे के रिवाज बा।

एह साल भारत में ईद के परब 21 आ 22 अप्रैल 2023 के मनावल जा सकेला। अगर चाँद ना लउकल त एक दिन कम हो सकेला आ बढ़ सकेला, सऊदी अरब में चंद्रमा देखला के बाद अगिला दिने भारत में ईद के परब मनावल जाला। मानल जाता कि अबकी बेर भारत में 22 अप्रैल के ईद मनावल जाई। अगर 20 अप्रैल के सऊदी अरब में चंद्रमा के दर्शन होखे त 21 अप्रैल के भारत में चंद्रमा के दर्शन हो जाता। अयीसना में भारत में 22 अप्रैल के ईद मनावल जाई।

 

केरल में ईद-उल-फितर भारत के बाकी हिस्सा से एक दिन पहिले मनावल जाला, काहें से कि स्थानीय लोग पारंपरिक इस्लामी कैलेंडर के पालन करेला। केरल भारत के अकेला राज्य ह जवना के ईद-उल-फितर के तारीख सऊदी अरब में चंद्रमा के देखला के आधार पे तय कईल जाला। समिति के फैसला के आधार पे राज्य सरकार ईद-उल-फितर खातीर छुट्टी घोषित क देले बिया। आधिकारिक वेबसाइट के मुताबिक, ए साल केरल में 21 अप्रैल के इ महोत्सव मनावल जाई।

 

जबकि कश्मीर में ईद-उल-फितर के शुरुआत के फैसला राज्य के ग्रैंड मुफ्ती करेले। आधिकारिक वेबसाइट के मुताबिक कश्मीर में ईद-उल-फितर के त्योहार ए साल 22 अप्रैल के मनावल जाई। भारत के मुस्लिम समुदाय के लोग पावन रमजान महीना में 29 या 30 दिन तक रोजा रखेला।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.