दिल्ली: AAP विधायक अमानतुल्लाह खान के ठिकानन पs ED के छापेमारी, मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में कसल शिकंजा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 10, 2023

मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में आम आदमी पार्टी (आप) के विधायक अमानतुल्लाह खान (Amanatullah Khan) के मुश्किल कम होखे के नाम नइखे ले रहल। समाचार एजेंसी पीटीआई के मोताबिक, ताजा ममिला में प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के

Share

मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में आम आदमी पार्टी (आप) के विधायक अमानतुल्लाह खान (Amanatullah Khan) के मुश्किल कम होखे के नाम नइखे ले रहल।

समाचार एजेंसी पीटीआई के मोताबिक, ताजा ममिला में प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के टीम आज मंगर के (10 अक्टूबर) के उआ विधायक के दिल्ली इस्थित ठिकानन पs छापेमारी करे पहुंचल बिया।

दिल्ली वक्फ बोर्ड में अवैध नियुक्ति करे के आरोप

बता दीं कि ईडी दिल्ली भ्रष्टाचार निरोधक ब्यूरो द्वारा दायर एगो एफआईआर आ केंद्रीय जांच ब्यूरो द्वारा दायर एगो आउर एफआईआर के आधार पs कार्रवाई सुरू कइले बिया।

ई ममिला दिल्ली वक्फ बोर्ड के भीतर अवैध नियुक्तियन से जुड़ल कथित भ्रष्टाचार से संबंधित बा, जेमे आप नेता अध्यक्ष के रूप में कार्यरत बाड़ें।

49 साल के आप नेता अमानतुल्ला खान के पिछला साल एही ममिला में दिल्ली एसीबी गिरफ्तार कइले रहे आ बाद में सितंबर 2022 में जमानत दे दिहल गइल रहे। ई ममिला एगो शिकायत पs आधारित रहे जेमे आरोप लगावल गइल रहे कि दिल्ली वक्फ बोर्ड के अध्यक्ष के रूप में अपना कार्यकाल के दौरान, अमानतुल्ला खान सब मानदंडन आ सरकारी दिशानिर्देशन के उल्लंघन करत अवैध रूप से 32 लोगन के भर्ती कइलें। शिकायत में उनका खिलाफ भ्रष्टाचार आ पक्षपात के आरोप लगावल गइल बा।

ईडी के एह कार्रवाई के दौरान आप विधायक के घर से केहू के बाहर आ भीतर आवे-जाये नइखे दिहल जात। सुरक्षा के मद्देनजर आप विधायक के घर के बाहर सुरक्षाकर्मी तैनात बा लो। बता दीं कि अमानतुल्लाह खान दिल्ली के ओखला से आम आदमी पार्टी के विधायक बाड़ें।

उल्लेखनीय बा कि एकरा पहिले पिछला हफ्ता दिल्ली आबकारी नीति में कथित घोटाला के ममिला में आम आदमी पार्टी से राज्यसभा सांसद संजय सिंह के घर पs ईडी छापेमारी कइले रहे। एह दौरान कइयन घंटन के छापेमारी के बाद आप नेता के गिरफ्तार कs लिहल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.