ED Raid: लुधियाना में आप सांसद के घरे ईडी के रेड

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 7, 2024

लुधियाना में आम आदमी पार्टी के राज्यसभा सदस्य संजीव अरोड़ा के घर पऽ ईडी के छापा पड़ल बा। एकरा अलावा ईडी फाइनेंसर हेमंत सूद के परिसरो में छापामारी कइले बा। जानकारी के मुताबिक ईडी टीम

Share

लुधियाना में आम आदमी पार्टी के राज्यसभा सदस्य संजीव अरोड़ा के घर पऽ ईडी के छापा पड़ल बा। एकरा अलावा ईडी फाइनेंसर हेमंत सूद के परिसरो में छापामारी कइले बा।

जानकारी के मुताबिक ईडी टीम सबेरे उनका लोकेशन आ अपना कुछ करीबी बिजनेस पार्टनर पऽ छापामारी कइलस।  हेमंत सूद पूर्व कैबिनेट मंत्री भरत भूषण आशु के करीबी बाड़े। अनाज माल ढुलाई के मामला में आशु के नांव अइला के बाद भइल जांच के बाद अब हेमंत सूद के खिलाफ कार्रवाई भइल बा।  बतावल जाता कि जांच में विदेशी लेनदेन सोझा आइल बा।

ईडी के अधिकारी सबेरे चंडीगढ़ रोड इस्थित हैम्पटन होम्स में हेमंत सूद के घर पहुंचले आ जांच शुरू कऽ देले। अबहीं तक ए मामला के आधिकारिक तौर पs पुष्टि नइखे भईल। जांच के दौरान आगे के जांच खातिर बहुत दस्तावेज जब्त कइल जाता। कंप्यूटर में डालल डाटा के जांच कइल जाता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.