Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लालू यादव के परिवार पs ईडी लगवलस गंभीर आरोप

आरोप लगावल गईल बा कि 2004-09 के दौरान भारतीय रेलवे के अलग-अलग जोन में कई लोग के ग्रुप-डी पद पs नियुक्ति भईल, जवना के बदला में उ लोग लालू प्रसाद के परिवार के सदस्य के नाम पs जमीन के हस्तांतरण करा लेले।

168

प्रवर्तन निदेशालय बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू यादव के परिवार पs आरोप लगवले बा कि उ कथित जमीन-नौकरी के मामला में सत्ता के दुरुपयोग क के धन जमा क लेले बाने। ईडी के मामला रेल मंत्री रहल लालू प्रसाद, राबड़ी देवी आदि के खिलाफ सीबीआई प्राथमिकी पs आधारित बा। आरोप लगावल गईल बा कि 2004-09 के दौरान भारतीय रेलवे के अलग-अलग जोन में कई लोग के ग्रुप-डी पद पs नियुक्ति भईल, जवना के बदला में उ लोग लालू प्रसाद के परिवार के सदस्य के नाम पs जमीन के हस्तांतरण करा लेले।

साभार- हिंदुस्तान

615090cookie-checkलालू यादव के परिवार पs ईडी लगवलस गंभीर आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.